सारण के बेटी अभिनेत्री वैष्णवी बालीवुड में डेग धइली

by | Apr 10, 2017 | 0 comments


हालही में सारण के बेटी आ बिहार के नवहिन अभिनेत्री पूर्वांचल के परी वैष्णवी के हिन्दी फिलिम – कमली वेडस कमल – के शुरुआत मुम्बई के राममन्दिर में स्क्रिप्ट पूजाई क के क दीहल गइल. सोरहे बरीस के काँच उमिर में भोजपुरी फिलिमन में अपना अभिनय के लोहा मनवा चुकल अभिनेत्री वैष्णवी के महात्वाकांक्षी पहिलका फिलिम – कमली वेडस कमल – के शुभारम्भ रामनवमी का दिने फिलिम के स्क्रिप्ट पूजाई क के हो गइल.

फिल्म नगरी मुम्बई वेस्ट में राम मन्दिर टीसन का नियरा बनल राम मन्दिर में श्रीराम मोशन पिक्चर्स का बैनर तर बने जाक एह फिलिम के स्क्रिप्ट के पूजा पूरा विधि विधान से कइल गइल. पूजा में पुरोहित वेद मंत्रन के उच्चारण करत फिलिम के सफलता के कामना कइलन.

जल्दिए रूपहुला परदा पर धूम मचावे आवे वाली एह फिलिम के जानल मानल फिल्म निर्देशक शशि कांत दूबे अपना निर्देशन से संवरीहें. एकर पटकथा प्रख्यात लेखक राजेश पाण्डेय लिखे जात बाड़न.

पूजाई का मौका प फिल्म उद्योग के अनेके नामी गिरामी लोग मौजूद रहल आ फिलिम के सफलता के शुभकामना कइलसि.


(कृष्ण कुमार)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up