का एह देश में कवनो नियम कानून नइखे रहि गइल ?

by | Dec 24, 2010 | 0 comments

लुधियाना में यूनियन बैंक के दस गो शाखा बाड़ी सँ आ सगरी में मजदूरन खातिर एकही दिन सेवा दिहल जा रहल बा. दोसरा कवनो दिने अइले पर मजदूरन के दुत्कार के भगा दिहल जा रहल बा. उनकर रुपिया जमा नइखे कइल जात. ऊ बैंक के कवनो सेवा सप्ताह का बाकी दिन में ना ले सकस. लुधियाना में मजदूर कहला के मतलब बिहार भा यूपी के मजदूर समुझल कवनो बेजाँय ना कहाई. महाराष्ट्र में मनसे जवन कइलस तवना के ई कहि के माफ कइल जा सकेला कि ऊ राजनीतिक दल हऽ बाकिर एगो सरकारी बैंक के एह भेदभाव वाली नीति के जतना भर्त्सना कइल जाव कम होखी.

एह दुर्भावनापूर्ण भेदभाव वाली नीति के खुलासा दैनिक जागरण मंगल का दिने कइलसि जवना का बाद चारो ओर से छिछि थूथू हो रहल बा. भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे एह घटना के भर्त्सना करत कहले बाड़न कि अइसनका बैंक के वहिष्कार करे के चाहीं आ ओहिजा से आपन खाता हटा लेबे के चाहीं. जालंधर में पूर्वांचल महासभा के सदस्य भारतीय रिजर्व बैंक के एगो माँग पत्र ओहिजा के एसडीएम के दिहले बाड़े कि ओह अधिकारियन का खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाव जवन एह तरह के घृणित फैसला लिहले बाड़न.

भेदभाव वाली एह नीति के बाति तब सामने आइल जब एगो व्यवसायी अपना मजदूर के रुपया जमा करावे खातिर बैंक भेजलन. बैंक उनकर पइसा जमा करे से इन्कार कर दिहलसि. जब ऊ व्यवसायी बैंक शाखा में गइलन त बैंक अधिकारियन के कहना रहे कि मजदूरन खातिर बस एक दिन तय बा जहिया ऊ बैंक में आ सकेलें. काहे कि एकनी के मइल कपड़ा से बैंक के बाकी ग्राहकन के परेशानी होला. बैंक मैनेजर तरसेम जैन कहलसि कि अगर रउरा पइसा जमा करावे के बा त खुद जमा करा लीं ओह मजदूर से रुपिया ना लिहल जाई. एह निंदात्मक काम के यूनियन बैंक के जोनल मैनेजर जे एस सोढ़ियो सही ठहरवलन आ कहलन कि बैक के सगरी गाहक के ध्यान में राखत ई जरुरी बा.

अब जवाब देबे के बारी रिजर्व बैंक आ वित्त मंत्री के बा जे बतावे कि देश में मजदूर आ धनी खातिर दू गो नियम कइसे बनावल जा सकेला ? अगर ना त एह अधिकारियन के बर्खास्त कर के सामाजिक सेवा करे के सजा देबे के चाहीं कि ऊ लोग मजदूरन का बस्ती में जा के सेवा देव. अगर वित्त मंत्रालय एह बाति पर कार्रवाई नइखे करत त मानल जा सकेला कि प्रणवो मुखर्जी एह नियम के समर्थन करत बाड़े.

अँजोरिया का तरफ से एह घृणित फैसला के निंदा कइल जा रहल बा. जरुरत बा कि पूरा देश एह गरीब मजदूरन का साथ हो रहल अन्याय का खिलाफ एक जुट होखे. भाषा भा इलाकाई आधार पर देश में कवनो भेदभअव ना होखे के चाहीं.

संपादक, अँजोरिया

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up