भगवान श्रीकृष्ण के भक्तन खातिर खुशखबरी

by | Dec 14, 2023 | 0 comments


आजु इलाहाबाद हाईकोर्ट श्रीकृष्ण जन्मभूमि पर से नाजायज कब्जा हटवावे के गोहार लगावत भक्तन के बाति मान लिहलसि आ आदेश दे दिहलसि कि मथुरा के शाही ईदगाह परिसर के सर्वेक्षण करे खातिर एगो कमिश्नर नियुक्त कइल जाव. सर्वेक्षण कब से शुरु होखी एकर कवनो तारीख अबहीं सामने नइखे आइल.

एह मामिला पर आपन बात कहला से पहिले हम इयाद कइल आ करावल चाहत बानी महाभारत. तब दुर्योधन का सोझा एगो समझौता प्रस्ताव ले के श्रीकृष्ण स्वयं गइल रहलें कि पाण्डवन के पाँच गो गाँव दे दीहल जाव आ बाकी पूरा राज कौरवने का लगे रहि जाव. बाकिर सत्ता मद में आन्हर दुर्योधन एह प्रस्ताव के एकदम से नकार दिहलसि आ ओकरा बाद जवन भइल तवन महाभारत इतिहास बन के सभका सोझा बा.

अइसने प्रस्ताव हिन्दुवन का तरफ से मुस्लिम पक्ष का सोझा राखल गइल रहुवे कि भगवान श्रीराम जन्मभूमि अयोध्या, भगवान श्रीकृष्ण जन्मभूमि मथुरा, आ भगवान शिव के धाम काशी विश्वनाथ पर से मुस्लिम पक्ष आपन दावा वापस ले लेव आ ई तीन गो स्थल हिन्दुवन के सौंप देव. बाकिर कांग्रेस के पृष्ठपोषण का मद से आन्हर बनल मुस्लिम पक्षकार एह प्रस्ताव के ना मनलन. आ ओकरा बाद सुप्रीम कोर्ट में कानूनी लड़ाई लड़िके भगवान रामजन्म भूमि पर हिन्दुवन के अधिकार मिल पावल ओह जगहा पर एगो भव्य मंदिर बनवावे के. तब हिन्दुवन के नाराज वर्ग खुलेआम कहबो कइलसि कि एकदिन उहो आई जब उद्घोष होखी कि – तीन नहीं अब तीस हजार, नहीं बचेगी एक …. नारा से सभे परिचिते होखी एहसे ओकरा के दोहरवला के जरुरत नइखे, बाकिर रेघरियवला के जरुर बा.

अइसने एगो अउर नारा याद पड़त बा. मौका रहुवे बनारस में भइल अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के राष्ट्रीय सम्मेलन के. ओह सम्मेलन में शामिल होखे देशभर से कार्यकर्ता आइल रहलें आ प्रभात फेरी खातिर हर राज्य के टुकड़ी आपन-आपन नारा बनवले रहुवे. संजोग से बिहार के कार्यकर्ता एगो भोजपुरी नारा बनवले रहलें जवन बाद में चलि के बहुते विख्यात हो गइल. नारा रहुवे – भारत में यदि रहे के बा त वन्दे मातरम कहे के होई, दादागिरी सहे के होई, हिन्दू बनि के रहे के होई. ई नारा बहुते उत्तेजक रहल बाकिर जब न्याय मिले के उमेद कम रहेला त मनई अन्यायो का राहे चले के तइयार हो जालें.

काश अबहियों से मुस्लिम पक्षकार एह तरह के विवाद हमेशा खातिर खतम करा के देश में साम्प्रदायिक सद्भाव के लहर चला सकेलें. बाकिर का अइसन हो पाई ? ई एगो बड़हन सवाल बा जवन देश के दशा-दिशा तय कराई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up