"भोजपुरी समाज दिल्ली" के 56वां स्थापना दिवस

by | Nov 23, 2011 | 0 comments


“भोजपुरी समाज दिल्ली” के 56वां स्थापना दिवस का बारे में ओकर अध्यक्ष अजीत दुबे जानकारी देत कहलें कि एह अधिवेशन में भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करे, बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे, पूर्वांचल क्षेत्र खातिर विशेष आर्थिक पैकेज के मांग करे आ भोजपुरी लोकगायकन के पद्म पुरस्कारन से सम्मानित करे जइसन मुद्दन पर चरचा करके एकर रोड मैप तैयार करा के सरकार के भेजल जाई. बिहार अउर झारखंड में भोजपुरी के दूसरकी राजभाषा के दर्जा देबे के मांगो राखल जाई.

समारोह के मुख्य अतिथि केंद्रीय पर्यटन मंत्री सुबोधकांत सहाय आ उद्घाटनकर्ता दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित होखीहें. कार्यक्रम के अध्यक्षता भूतपूर्व राज्यपाल आ केंद्रीय मंत्री रहल डा॰ भीष्म नारायण सिंह करीहें. साथही भोजपुरी इलाका के सगरी माननीय सांसदो लोग खासमखास अतिथि का रूप में मौजूद होइहें. समारोह में कला, साहित्य, भाषा, समाज सेवा, पत्रकारिता, मनोरंजन, प्रबंधन वगैरह क्षेत्र में प्रशंसनीय आ अनुकरणीय योगदान देबे वाला हस्तियन के “भोजपुरी गौरव सम्‍मान” से सम्मानित कइल जाई. समारोह में मॉरिशस से पूर्व मंत्री जगदीश गोवर्धन का अगुवाई में विशेष रूप से आमंत्रित करीब 100 लोग के प्रतिनिधिमंडलो एह समारोह में शामिल होखी. साथही दिल्ली आ एन सी आर के केंद्र आ राज्य सरकार के कार्यालयन भा दोसरा सरकारी आ गैर सरकारी संगठनन में काम करे वाला भोजपुरिया बु़द्धिजीवियन समेत आई टी अउर मैनेजमेंट प्रोफेसनल्स, जेएनयू, दिल्ली विश्वविद्यालय, जामिया विश्वविद्यालय आ मैनेजमेंट अउर इंजीनियरिंग कालेजन के भोजपुरिया छात्र बडहन संख्या में एह समारोह में शिरकत करीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up