एल. सी. बीस-बिसा क्रिकेट कप – 2024

by | Jan 2, 2024 | 0 comments

– बिनोद सिंह गहरवार

लोकसभा चुनाव के बीस-बिसा क्रिकेट कप के बिगुल बाजे वाला बा. ई टूर्नामेंट सांचो के ‘अवश्य देखहुँ देखन जोगु’ वाला होई. सांझ-सबेर-दुपहरिया जब टीवी खोलीं तबे मीडिया के लोग एकर ढ़िढ़ोरा पीट के हुड़हेड़ मचइले बा. बुझाता कि एही में एह लोग के टीक कटा गइल बा. जसही टीवी खोलीं कि स्क्रीन प मोट-मोट अक्षर में, जवना के अस्सियो बरिस के पुरनिया बिना चश्मा के पढ़ लिहे॔, ‘ब्रेकिंग निउज, ‘ फलनवा खेलाड़ी पाला बदल के फलनवा टीम में चल गइल’, ‘ फलाना खेलाड़ी के फलाना टीम मोटरी भ रोपेया देके कीन लेलस’, आ ‘फलाना टीम के कप्तान के कप्तानी छीना गइल.’ वगैरह-वगैरह.

एह टूर्नामेंट ख़ातिर श्रीरामलला इंटरनेशनल क्रिकेट मैदान, अयोध्या एकदम सज-धज के तइयार बा. पीच के क्यूरेटर जोगी बाबा सात साल से बुलडोजर चला-चला के खास पीच तइयार कइले बाड़न. आर. एस. एस. , विश्व हिन्दू परिषद आ बजरग दल के लोग ओकरा प सरजु के पानी छिड़िक-छिड़िक के गलबल क देले बारन. चुनाव आयोग के एम्पायर आ इवीएम के रेफरी बनावल गइल बा. इडी, सीबीआई आ इंकम टैक्स के तिसरका-चउथका एम्पायर के भुमिका देल गइल बा. मैच में उनइस-बीस होई त इ लोग आपन काम शुरु क दिहें. दर्शकनो के कवनो कमी नइखे. असहुंओ क्रिकेट के बारे कहल जाला, ‘एलेवन फूल्स प्ले, थाउजेंट्स वाॅच’. कुल्ह मिला-जुला के तइयारी एकदम बेजोड़ बा.

टूर्नामेंट में भाग लेवे वाला टीमन के पैंतरा शुरु हो गइल बा. उपर-उपर देखीं त इ टूर्नामेंट इन्डिया वर्सेज एनडीए के बीच खेलल जाई, बाकिर देखला से बुझाता कि इंडिया टीम के खेलाड़ी पहिले आपसे में एक दोसरा के खिलाफ खेलिहें. एकरा बाद एनडीए से फरिअइहें.

सांच पुछीं त ई मैच महाराष्ट्र में संजय निरुपम वर्सेज संजय राउत, बंगाल में तृणमूल वर्सेज कम्युनिस्ट, उत्तर प्रदेश में बुआ वर्सेज बबुआ, बिहार में जदयु वर्सेज जनता दल, आ असही दिल्ली अउर पंजाब में आम आदमी पार्टी वर्सेज कांग्रेस के बीच होखे के सोरह आना संभावना बा. एहतरे ई लोग आपस में खेल के खूब बढ़िया से प्रैक्टिस क के बी. जे. पी. से भिड़ी.

बी.जे.पी. पहिलही फाइनल में पहुंच गइल बिया. टीम के मैनेजर श्री मोहन भागवत आ कोच जगतगुरु रामभद्राचार्य जी टीम के लेके हनुमान गढ़ी पहुंच गइल बाड़न.

बीजेपी के ओर से कबो वंदे भारत एक्सप्रेस के हरी झंडी देखा के, कबो अयोध्या धाम रेलवे स्टेशन के उदघाटन क के, त कबो महर्षि वाल्मिकी हवाई अड्डा प पुष्पक बिमान उतार के नेट प्रेक्टिस कइल जा रहल बा. हवाई अड्डा आ रोड शो वाला कसरत देख के विरोधी टीम के हवाई उड़ रहल बा.

लोग के माथा खप्तान बा. एने एगो कप्तान आ ओने सभे कप्तान. केहु कहऽता हम मैच खेले जइबे ना करब, केहु कहऽता बीजेपी संउसे टूर्नामेंट के हाईजैक क ले ले बा, सांप छुछूंनर वाला भइल बा. ना जइहें त बीजेपी के असहीं वाक ओभर मिल जाई आ जइहें त एगो खास समुदाय उनका खेमा से वाक आउट कर जाई.

दू हजार चऊबीस के कप देख के लोग के कपकपी अमा गइल बा. बाइस जनवरी के उदघाटन मैच होई. कहल जाला नु आगे खेती आगे-आगे , पाछे खेती भागे-जोगे. प्राणप्रतिष्ठा वाला मैच बड़ा निर्णायक होई. एह में जवन टीम पिछुआइल उ पिछुआइले रह जाई. चलत-चलत हम त इहे कहब राम किरिपा जेकरा प होई, ओकरा प किरिपा करी सभ कोई. बाकी लोग के मरजी.

जय रामजी की!

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up