कट्टर ईमानदार के मिलिये गइल कट्टर न्याय

by | May 10, 2024 | 0 comments

देश के सुप्रीम कोर्ट आजु दिल्ली शराब घोटाला के आरोपी मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल, जे स्वंयभू कट्टर ईमानदार हउवन, के अंतरिम जमानत दे दिहलसि. कट्टर न्याय के अइसन दुर्लभ उदाहरण देशे ना दुनिया के कवनो न्यायपालिका में ना मिली. आ मिलबो कइसे करी जब न्यायाधीशन के बहाल करे वाला हमनी के देश वाली व्यवस्थो कतहीं देखे के ने मिले. संविधानो में अइसन कवनो व्यवस्था नइखे बाकिर विद्वान न्यायाधीशन के मंडली अइसन कहे त आम आदमी के कवनो औकात नइखे कि ऊ कवनो सवाल उठाए. न्यायाधीशन के कहल हर बात कानून मानल जाए के चाहीं आ ओकरा के न्याय, तर्क भा सिद्धान्तन के कसौटी पर कसल गैरवाजिब मानल जाई.

त जब महाविद्वान आ न्यायदर्शन के पारंगत न्यायाधीश फैसला सुनाईए दिहलन कि चुनाव का समय में कवनो मुख्यमंत्री के प्रचार के काम करे से रोकला के कवनो कारण नइखे लउकत त हमनी करिए का सकिलें सिवाय थपड़ी पिटला के.

टटका –

सुप्रीम कोर्ट से केजरीवाल के मिलल अंतरिम जमानत से देश भर के अपराधियन के आस जाग गइल बा. सभका अब उमेद हो गइल बा कि अब उहो लोग कानून का फँसरी से आपन गरदन बचा लीहन.

अपराधियन आ भठियारन के मिलल एह राहत के इंडी गोलबन्दी में शामिल गोल लोकतंत्र के मजबूत करे वाला फैसला बतावत बाड़ें. आखिर अपराधियनो के लोकतांत्रिक अधिकार होला कि ना. का हो गइल जे केहू चोरी-चकारी-भठियारी कईए लीहल. हर आदमी अपना हिसाब से आपन आजीविका चलावो के कोशिश करेला.

कांग्रेस आ आ पा के सरगना अरविंद केजरीवाल के उच्चतम न्यायालय से अंतरिम जमानत मिलला के स्वागत करत उमेद जतवले बिया कि झारखंड के मुख्यमंत्री रहल हेमंतो सोरेन के एही तरह से राहत दे दीहल जाई.

तमिलनाडु के मुख्यमंत्री आ द्रमुक अध्यक्ष एम के स्टालिनो एह फैसला के स्वागत करत एकरा के अन्याय का खिलाफ जीत अउर लोकतंत्र के मजबूत करे वाला बतवले बाड़न.

विद्वान न्यायाधीशन के कहल एह बात के सभे नजरअन्दाज कर दिहले बा कि अंतरिम जमानत केस के गुणदोष पर कवनो फैसला नइखे. काहे कि सभका इहे लागत बा कि दुनिया के सबसे महान न्याय करे वाला ई विद्वान न्यायाधीश आगहूं अइसने छप्पर फाड़ फैसला देत रहीहें. आ भठियारन का लगे रुपिया पईसा के कमी त होखे ना आ महँग से महँग वकील ऊ आराम से कर सकेलें. आम आदमी आपन सोचे. काहे कि अब त सुप्रीमो कह दिहलसि कि समरथ के नहीं दोष गुसाईं !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up