नवलखा नव-लखा कि नौ-लाखा

by | Apr 12, 2024 | 0 comments

Photo Source – https://en.wikipedia.org/wiki/Gautam_Navlakha#/media/File:Gautam_Navlakha.jpg

सबसे पहिले त ई बता दीहल जरुरी लागत बा कि एह लेख के कवनो मर-मुकदमा, कोर्ट-कचहरी के फैसला से कुछ लेबे देबे के नइखे. चूंकि नवलखा खबर में बाड़न त हमरा लागल कि अगर नवलखा पर बतकुच्चनो कर लीहल जाव त का हरज !

गिरपड़े, सिंह, श्रीवास्तव, पासवान, यादव का तरह नवलखा एगो सरनेमे ह. बाकिर नवलखा का नाम से मध्यप्रदेश के इन्दौर शहर में एगो इलाको के जानल जाला. एह इलाका के नाम नवलखा एहसे पड़ल कि कवनो जमाना में एहिजा आम के नौ लाख पेड़ रहली सँ. आ लोग एकरा के नवलखा कहल शुरु कर दीहल.

बाकिर जवन नवलखा खबर में बाड़न ऊ हउवें गौतम नवलखा आ नवलखा उनुकर गोत्र हवे. अरोड़ा-खत्री समाज से आवेलें नवलखा. कहल जाला कि ई लोग भगवान राम के वंशज हवे. इहो कहल जाला कि ई लोग दू-धर्मी होला. हिन्दू आ सिख दुनु. हालांकि हमरा एह बाबत पुख्ता जानकारी नइखे कि गौतम नवलखा नवलखा हउवन कि बस अइसहीं अपना नाम का साथे जोड़ लिहले बाड़न नवलखा.

अब एहू पचड़ा में हम पड़े नइखीं जात. हर जाति का लगे आपन-आपन गौरव-गान होला आ दोसरा के एहसे कवनो मतलब ना होखे के चाहीं. एह पर कवनो तरह के टीका-टिप्पणियो कइल गलत होखी. ठीक ओही तरह जइसे न्यायालय लाख भा करोड़ गलती करे, मनमानी करे रउरा ओह पर कुछ नइखे बोले के. एके तरह के आरोप पर न्यायालय अलग-अलग फैसला सुना सकेले आ एकर अधिकार ऊ अपने से अपना के दे दिहले बिया. हद त ई बा कि जजन के बहाली सुप्रीम कोर्ट के महान जजन के एगो टोली कइल करेले जवना टोली के भारत के संविधान में कतहीं कवनो उल्लेख नइखे.बाकिर का मजाल जे केहू एह पर सवाल उठा लेव.

हम त बस नवलखा शब्द के सर्जरी करे चलल बानी. नवलखा माने कि अगर कवनो बात के नया तरह से देखल गइल होखे त ओकरा के नव-लखा – new vision – कहल जा सकेला. बाकिर आम बोलचाल का भाषा में नवलखा ओहू तरह से बन जाला जइसे इन्दौर के ओह इलाका के नाम. भा नवलखा दस नम्बरी का तर्ज पर नौ लखियो हो सकेला. अपराधियनो के कई बेर अलग अलग नपना बन जाला जइसे कि पाँच हजारी, पचास हजारी, नौ लखिया वगैरह. एहमें ई ओह राशि के दरसावे ला जवन कि बतौर इनाम ओकरा के दीहल जाला जे ओह अपराधी के पकड़वावे में सहायता कइले होखे.

हम नइखीं कहत कि गौतम नवलखा अपराधी हउवें, बाकिर जेल में त जरुरे राखल गइल बाड़न. अलग बात बा कि समरथ ला सब कुछ संभव बा एह न्यायपालिका से. ऊ अपना पक्ष में हर तरह के फैसला करवा सकेलें बशर्ते उनुका लगे अइसनका वकील होखे जे अपना दलील से जज साहब के सहमत करवा सके. कहल जाला कि वकील दू तरह के होलें – विद्वान वकील आ तेज वकील. विद्वान वकील ऊ जे कानून के विद्वान होखे आ तेज वकील जे जज साहब के जानत होखे ! इहो नइखे कि तेज वकील विद्वान ना होखसु आ विद्वान वकील तेज ना हो सकसु. हर तरह से आ हर रूप में वकील साहब लोग मिलल करेला.

हँ त लवटल जाव गौतम नवलखा पर. बँवारा गिरोहन खातिर वैचारिक समर्थन आ वैचारिक हथियार मुहैया करावे वाला लोगन में से खास हउवें गौतम नवलखा. उनुका एगो भाषण के अइसन असर भइल रहुवे कि महाराष्ट्र के भीमा कोरेगाँव में हिंसा भड़क गइल रहुवे आ एही आरोप में उनुका के अगस्त 2018 में गिरफ्तार कइल गइल रहुवे. चूंकि ऊ बूढ़ रहलन से न्यायालय उनुका अपील पर उनुका के उनुके घर में हाउस-अरेस्ट राखे के आदेश दे दिहलसि. आदेश देतो घरी बता दीहल गइल रहल कि एह हाउस-अरेस्ट पर होखे वाला सगरी खरचा के भुगतान उनुका करे के पड़ी. शुरु में ऊ करीब दस लाख के भुगतान कइबो कइलन बाकिर बाद में भुगतान दीहल बन्द कर दीहलन. प्रशासन अब उनुका के पौने दू करोड़ के बिल भेजले बिया जवना के भुगतान से जुड़ल मुकदमा न्यायालय में विचाराधीन बा. बाकिर सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि चूंकि हाउस-अरेस्ट राखे के गोहार उनुके रहल से उनुका एकरा पर भइल खरचो के भुगतान करहीं के पड़ी. हालांकि अबहीं एह मामिला में कवनो आखिरी फैसला नइखे आइल.

अब एह मामिला से एगो अउर फायदा होखे जा रहल बा. पचासन करोड़ का लागत पर दिल्ली के मुख्यमंत्री आवास – जवन अब शीश महल का नाम से कुख्यात हो चुकल बा – में हाउस-अरेस्ट राखे के अपील केजरीवाल शायद ना करीहें. भा करियो सकेलें काहे कि भुगतान कवन उनुका अपना पाकिट से देबे के बा. दिल्ली के मुफ्तखोर जनता के टैक्स से सगरी भुगतान होखी जइसे कि उनुकर मुकदमा लड़े वाला वकीलन के फीस के भुगतान हो रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up