भईया के साली आपन घरवाली

by | Mar 4, 2024 | 0 comments

एगो शायर के नज्म में कहल गइल बा कि –
लोग जालिम हैं, तूझे चैन से जीने न देगें.

भा दोसरा नज्म में कहल गइल बा कि –
बात निकलेगी तो फिर दूर तलक जाएगी.

आसनसोल से चुनाव ना लड़े का घोषणा का बादो पवन-कथा थथमे के नाम नइखे लेत. भाजपा चाहत नइखे कि भोजपुरी से जान बचाए. ‘संस्कारी’ लोग भलहीं भोजपुरी के कतनो अनदेखी करे, ओकरा मालूम बा कि आम जनता में भोजपुरी के कतना गहीर असर बावे. बात खाली आसनेसोल के नइखे. ओकरा पूरा बंगाल में बसल भोजपुरियन के अपना पाला में खींचे के बा. एहसे ताड़ से गिर के खजूरो पर अटकल ओकरा मंजूर बावे.

काल्हुवे से चरचा शुरु हो गइल बा कि भाजपा हो सकेला कि आसनसोल से अब एगो महिला कलाकार के उतार के तृणमूल के तथाकथित महिला प्रेम के सन्देश खाली ना जाए देव. एहसे अब एगो मशहूर भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह के उतारे के सोचत बिया शायद. ई सब कुछ हो सकेला कि हवा-हवाई होखे बाकिर अबहीं जवन चरचा चलत बा ओकर खंडन नइखे आ जात, भा जबले भाजपा आसनसोल से अपना उम्मीदवार के एलान नइखे कर देत, तबले ई चरचा चलत रही.

भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट होखे का चलते स्वाभाविक बा कि अंजोरिया अपना के भोजपुरी से जुड़ल हर खबर से वाकिफ राखे. रउरा सभे भोजपुरी में दुनिया के एह पहिलका आ बीस बरीस से बेसी पुरान वेबसाइट के सहजोग कइल चाहीं त सबले आसान आ सहज तरीका बा कि एह पर अंजोर भइल रचना के अपना ह्वाट्सअप ग्रूप में शेयर कर दीं. ओहू से बेसी कुछ करे के मन करे त कवनो वैलेट, कवनो बैंकिंग एप से anjoria@ubi के यूपीआई पर कुछ आर्थिक सहजोग भेज दीं. हर दाता अंजोरिया खातिर भामाशाह से कम ना होखिहें.

आईं अब पवन-कथा पर लवटल जाय. एह कहानी में रोमांस बा, ससपेंस बा, राजनीति बा, मनरंजन बा, एक्शनो भरपूर बा.

बिहार के भोजपुर जिला के जोकहरी गाँव में 5 जनवरी 1986 के जनमल पवन सिंह के चाचा गायक रहलन. उनुके सोहबत में पवनो सिंह के गावे के मौका मिले लागल. एह गवनई का फेर में ऊ इन्टर के पढ़ाई का बादे गवनइए में लाग गइलन. कहल जाला कि पइसा कमाए के होखो त अपना पैसन passion के अपना लीं. जीवन के कवनो क्षेत्र में नम्बर वन होखल, बढ़िया से बढ़िया क्षेत्र के नंबर दू भा दस होखला से बेहतर रहे वाला होला. आ पवन सिंह भोजपुरी सिनेमा के पावर स्टार कहाए लगलन त अपना एही पैसने का चलते.

एगारहे बरीस का उमिर में पवन सिंह के पहिलका भोजपुरी एल्बम ‘ओढ़निया’ रिलीज भइल रहुवे आ ओकरा सात बरीस का भितरे ऊ सिनेमा का दुनिया में डेग धर दिहलें. उनुकर पहिलका फिलिम रहल ‘रंगली चुनरिया तोहरे नाम’. बाकिर पवन सिंह के असल ख्याति मिलल उनुका ‘लॉलीपॉप लागेलू’ एल्बम से. रउरो एह गीत के आनन्द ले सकीलें –

सिनेमा में आपन धाक जमा लिहला का बाद 1 दिसंबर 2014 के उनुकर बिआह अपना भईया के साली नीलम सिंह का साथे हो गइल. संजोग कहीं भा भाग्य के दुश्चक्र, पवन सिंह के पत्नी नीलम सिंह पता ना कवना कारण बिआह के तीने महीना में ऊ फाँसी लगा लिहली. पवन सिंह के भउजाई आ नीलम के बड़ बहीन के कहना रहुवे कि सिनेमा में बिजी रहला का चलते पवन नीलम के समय ना देत पावत रहलें आ एही से नीलम डिप्रेशन में आ गइल शायद.

पहिलका पत्नी के मौत का बाद घरवालन का दबाव में पवन सिंह के दुसरकी शादी सन 2018 में भइल बलिया जिला के ज्योति सिंह से. दुनू के परिवार पहिलहीं से जुड़ल रहलें आ एही चलते ई बिआहो हो गइल. बाकिर ज्योतिओ सिंह ढेर दिन ले ना निबाह सकली पवन सिंह का साथे. तीने साल का भीतर ऊ तलाक के अर्जी लगा दिहली. शायद सिनेमा जगत के छिछोरपनी उनुका पसंद ना आइल भा दोसरा अभिनेत्रियन से पवन सिंह के मेलजोल से ऊ असहज हो गइल रही. खैर कारण जवन होखे बाकिर एगो दोसर अभिनेत्री अक्षरा सिंह के कहना बा कि पहिले ज्योति उनुका से संपर्क कइले रही कि उनुका मामिला में अक्षरा गवाही दे देसु उनुका तरफ से. अक्षरा के कहना बा कि चूंकि ऊ तइयार ना भइली एकरा ला. बाद में ज्योति सिंह के बयान सामने आइल कि पवन सिंह के आशिकी अक्षरा सिंह का साथे चलऽता आ इहाँ ले कह दिहली कि एह आशिकी में अक्षरा महतारिओ बने वाली रहली बाकिर बाद में ऊ पेट गिरवा दिहली. अक्षरा सिंह के कहना बा कि ज्योति के आरोप एही चलते बा कि ऊ उनुका तरफ से गवाही देबे ला तइयार ना भइल रही.

अब सच्चाई जवन होखे. दू बेकत का बीच के झगड़ा,बीच में जे बोले से लबरा !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up