भोजपुरी गीतन के फूहड़ता का चरचा का दौर मे डोमकच गीत

by | Jun 18, 2023 | 0 comments


आजु काल्ह समाज मे भोजपुरी गीतन के बात शुरू होखते लोग भोजपुरी गीत फूहड़ होखेला के जजमेंट पास कर देवेला. भोजपुरी समाज से बाहरो के लोग भोजपुरी गीतन पर फूहड़ता के अछरंग चिपका देला, बाकिर सचाई एकरा से उलटा बा.

भोजपुरी मे पहिलहूँ कर्णप्रिय आ पारिवारिक गीत संगीत बनत रहे अउर आजुओ बन रहल बा. ई अलगा बात बा कि व्यापारिक दृष्टि से साफ सुथरा गीत ओतना सफल नइखे हो पावत जेतना कि बाकी गीत. बाकिर एकरा ला मुख्य कारण एगो सफल मार्केटिंग के अभाव कहे के चाहीं.

भोजपुरी के पारिवारिक गीत संगीत के वास्तविक स्वरूप के देश दुनिया के ले चहुँपावे के जिम्मेदारी ले के अमाटोज म्यूजिक (Amatoz Music) के कर्ता-धर्ता प्रवीण सिंह अपना छह महिना पुरान एह मुजिक कंपनी का माध्यम से कइगो साफ सुथरा गीत बना के अपना यूट्यूब चैनल पर डाल चुकल बाड़न. ओहिमें से भोजपुरी के एगो परम्परागत डोमकच के एहिजा रउरा सभे के अवलोकन ला टाल रहल बानीं. सुनीं आ सुन के बताईं कि एकरा में का नयापन बा आ रउरा कइसन लागल.

बाकिर एकरा से पहिले कि रउरा ई डोमकच सुने चलीं तनी डोमकच का बारे में जान लीहल जरुरी बा. शहर के लोग आ नयका पीढ़ी के लोग शायद डोमकच का बारे में ना जानत होखी, देखल-सुनल त अलगा बा. गाँव-देहात में जब बेटा का बिआह में बारात निकल जात रहुवे त करीब करीब सगरी गाँव के मरद लड़िको ओह बारात में निकल जात रहुवे. आ ओह हालात में सुरक्षा का लिहाज से जरुरी हो जात रहुवे कि सभे जागल रहो. तब मेहरारु लड़िकी (ओह जमाना में बारात में औरतन भा लड़िकियन के जाए के रिबाज ना रहल, अब त सभे जा रहल बा. एहसे डोमकचो करे लायक मेहरारु घरे नइखी रह जात.) मिल जुल के गीत संगीत नाच का सहारे जगरम करत रहुवे. आ मरदन के मनाही रहल करे कि डोमकच देखे सुने जनि आवसु. स्वाभाविक रुप से ओह हालात में श्लीलता के सीमा का भीतर रहे के मजबूरिओ ना रहत रहे.

आ हमार त मानना बा कि भोजपुरी एगो अश्लील भाषा ह. बाकिर एह श्लीलता के परिभाषा कवनो दोसरा भाषा का मापदण्ड से ना नापल जा सके. अब एह पर चरचा कई बेर हो चुकल बा आ आगहूं होखत रही. से चलीं गाना सुनल जाव –

भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के बीसवाँ बरीस चलि रहला बा आ अगिला महीना 19 जुलाई 2023 से एकर डेग 21वाँ साल में पड़े जा रहल बा. एह बीस बरीस में दुनिया बहुते आगा बढ़ल बा बाकिर एहमें टिकल रहला खातिर अपना जड़ से मजबूती से जुड़ल रहते आकाश में पसरे के कोशिशो होखत रहे के चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up