बतकुच्चन – ३४

by | Nov 30, 2011 | 3 comments


आजु जब लिखे बइठल बानी त छठ व्रत के परसाद सामने आ खरना शब्द दिमाग में बा. खरना मतलब खरो ना, कवनो तिनको ना. अइसन उपवास. बाकिर खर दुष्टो के कहल जाला. आ आखर कहल जाला उबड़ खाबड़ भा रगड़त चीझ के. अब सोचीं कि खर, खरना, आखर में कवन संबंध हो सकेला भा बनावल जा सकेला ? बतकूचन के त मतलबे इहे होला. कि बात बेबात बात निकालत चलि जाव. खर तिनका भा दुष्ट के कहल जाला जे गड़े वाला होखे, परेशान करे वाला होखे. लेकिन तिनका के का अवकात कि ऊ परेशान कर देव. ओकरा के त तुरते उधियावल जा सकेला. बाकिर तिनका का साँचहू कमजोर होला ? अगर कमजोर रहीत त फेर ई काहे कहल जाला कि डूबत के तिनका के सहारा ! कहे के मतलब कि कवनो डूबत आदमी के तनिको भा तिनको के सहारा मिल जाव त ऊ बाँचे के जुगत में लाग जाला आ कई बेर बाँचियो जाला. एह बँचला में ओह तिनका के अतने भर किरदार रहेला कि ऊ डूबत आदमी में आशा के किरन जगा देला ओकर हिम्मत बढ़ा देला. ओकरा बाद ऊ आदमी अपना बल बूता के भरसक पूरा इस्तेमाल अपना के बचावे में करे लागेला. बाकिर खर ? दुष्टवाला खर ? ओकरा त दोसरा के परेशान करे में ओकरा के नुकसान चहुँपावे के कोशिश करे के होला.

खरे से बनल एगो दोसर शब्द होला खरबिरवा. खरबिरवा मतलब जंगली खर पतवार से निकलल जड़ी बूटी जवना के इस्तेमाल रोग के इलाज में होला. खर में से खोज के निकालल बिरवा मतलब खरबिरवा. सवाल उठावल जा सकेला कि बिरवा त कोंपल के कहल जाला. त खरबिरवा के मतलब एहसे त नइखे कि खर के नया इस्तेमाल कइल बिरवा हो गंइल आ ऊ जड़ी बूटी खरबिरवा. भोजपुरी के शब्द भंडार अतना विशाल बा कि ओकर थाह लगावल आसान नइखे. शायद एकरे फायदा हम बतकूचन में भा बतकुच्चन में निकालिलें. हर हफ्ता नया कड़ी ले के आइल आसान ना रहीत अगर हर बेर कवनो दोसर शब्द समूह ना मिल जाइत बतकूचन खातिर. भोजपुरी के एगो अउरी कहाउत ह कि अपना आँखि के फूला ना लउके दोसरा आँखि के माढ़ा जरूर लउक जाला. अतना दिन से बतकूचन करत आवत बानी आ अपने मथैला पर धेयान ना गइल. धन्यवाद बा ओह सुधि भोजपुरिया विद्वान के जे हमरा के फोन पर एह तरफ धेयान दिअवलें.

एह बीच आखर पर से धेयान हट गइल रहे. आखर मतलब उबड़ खाबड़, खर खर, भा उघार जगहा के. अलग बाति बा कि बातो आखर हो सकेला बे मर मिलावट के !

Loading

3 Comments

  1. चंदन कुमार मिश्र

    श आ ष पर…राहुल सांकृत्यायन के भागो नहीं बदलो के भूमिका देखे लाएक बा। उहाँ सीधे ई नइखे कहल गइल बाकिर धेयान से देखला पर ई बात साफ होता। लेकिन जब ण,ष,श सब लिखाए लागी तब भोजपुरी हिन्दी के नकल अइसन लागे लागी। आच्छा। एपर बिचार फरका बा, तब बाद में बात होई। अबहीं त बतकुच्चन वाला काम खातिर राउर धन्यवाद काहेकि हिन्दी के अजित जी वाला काम भोजपुरी रउआ ईहाँ कर रहल बानी बाकिर मंजिल दूर बा। बहुते कारन हो सकेला। कुछ से परिचित बानी। कुछ समस्या से त हमेसा पाला परत रहल बा। …मेहनत जारी रहे…

  2. OP_Singh

    प्रिय चंदन जी,

    भोजपुरी में श भा ष के इस्तेमाल ना होखत रहे, रउरा एह बाति से हम पूरा तरह से सहमत बानी. बाकिर अबहियो ना होखे के चाहीं एहसे तनी फरका विचार बा.

    रउरा टिप्पणी खातिर धन्यवाद. काहे कि आजु बतकुच्चन के नयका कड़ी लायक इशारा मिल गइल बा.
    राउर,
    ओम

  3. चंदन कुमार मिश्र

    खर पर आउरो कुछ खोजत रहल ह। भोजपुरी में श ना होखे, एकर पुस्टि राहुल सांकृत्यायन आ भोजपुरी अकादमी के 1980 के आस-पास के किताबो से होता।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up