बतकुच्चन – ६

by | Mar 6, 2011 | 0 comments

सोचत बानी कि लोग कहत होखी कि ई अनेरे अतना बतकुच्चन कइले रहेला. जरुरे अनेरिया आदमी होखी जेकरा लगे दोसर कवनो काम नइखे. बाकिर का बताई कि अनेरिया होखल नीमन, अनेरिया होखल ना. अब रउरा पूछब कि अनेरिया आ अनेरिया में का फरक होला ? उहे जवन “कनक कनक ते सौ गुनी मादकता अधिकाय, ये खाए बउराय नर, वो पाये बउराय” में होला. एक अनेरिया ऊ जवन अनेरे एने से ओने बउरात रहेला, दोसरे ऊ जे अपना अनेर से लोग के बउरवले रहेला. अब देखीं, कइसे एगो नुक्ता के हेर फेर से खुदा जुदा हो गइले. अनेरे आ अनेर में फरक बा. अनेरे मतलब बिना कारण, बिना मतलब. आ अनेर ऊ जे अन्हेर होला, अत्याचार होला, गलत होला. त एक अनेरिया ऊ जे अपना घोटाला से अनेर कर के राखि देला, दोसर अनेरिया ऊ जे एह अनेरिया का चलते अपना अनेरियोपन में काम के बहाना खोज लेला. रउरे बताईं कि कवन अनेरिया नीमन.

अब नीमन से एगो भोजपुरी कहावत याद आ गइल, “नीमना घरे नेवता दिहल”. मतलब कि एगो नीमन उहो होला जे नीमन ना होखे बाकिर ओकरा के बाउर कहे के हिम्मत केहू में ना होला. अब वइसनका आगि के केहू खोर देव त इहे नू कहल जाई कि नीमना घरे नेवता दिहले बाड़ऽ, अब झँउसा ओकरा लहोक में. अब फेर सोचत बानी कि नेवतो त दू तरह के होला. एगो ऊ जे केहू के बोलावे खातिर नेवतल जाला, दोसर ऊ जे केहू के नेवतला पर ओकरा किहाँ चहुँप के नेवता का रुप में दिहल जाला. त अब जब नीमन घरे नेवता देइये दिहलऽ त ऊ अब नेवता पुरावे अइबे करी तोहरो घरे. अब ओकर नेवता पुरावल तोहरा खातिर पूरा पड़ जाव त अलगा बाति बा. देखतानी कि एह बतकुच्चन का फेर में हमार एगो नेवता छूटल जात बा, चलत बानी. फेर भेंट होई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up