अर्थ, अनर्थ आ कुअर्थ के चरचा (बतकुच्चन – 180)

by | Dec 6, 2014 | 0 comments

admin
अर्थ का बिना सबकुछ व्यर्थ होला. चाहे ऊ कवनो बाति होखो भा आदमी. कुछ दिन पहिले हम कहले रहीं अर्थ, अनर्थ, कुअर्थ वगैरह के चरचा के बात. फेर बीच में कुछ दोसर बाति निकलत गइल बाकिर ऊ बाति बिसरल ना रहुवे से आजु ओहिजे से शुरू करत बानी.

रहीम के दोहा सबके याद होखी कि ‘रहिमन पानी राखिए बिन पानी सब सून / पानी गए ना उबरे मोती मानुष चून.’ अर्थो एक तरह के पानिए ह. एकरो बिना सब कुछ सून हो जाला. अर्थ के एक माने मतलब होला आ दुसरका माने धन. अब एह बीच माने आ मतलब के फेर दिमाग में घुसे के कोशिश करत बा बाकिर तनी रूकब माने आ मतलब के बाति बतियावे से. पहिले अर्थ से निपट लिहल जाव. अरथिआवे वाला लोग हर बात के अरथ निकाल लेलें, इहाँ ले कि ओहू बात के जवना के कवनो अरथ ना होखे. अब एह फेर में बेअरथी बात के कुअर्थ निकल जाव त केकर दोष! आ जब कुअर्थ निकली त हो सकेला कि अनर्थो हो जाव.

अर्थ सभका के समरथ – समर्थ – बना देला. आ गोसाईंओ जी लिख गइल बानी कि ‘समरथ के नहीं दोस गुसाईं’. जेकरा लगे अर्थ होखो ओकरा त समरथ होखहीं के बा आ ओकरा के दोषी कहे-बतावे के बेंवत केकरा लगे बा!

धन वाला अर्थ के कई गो रंग होला बाकिर उजर आ करिया दू गो रंग सबले प्रचलित होला. एह दुनू रंगन का बीच भुअरा धन के बात कमे होला. आपन धन उजर नाहियो होखो त लोग ओकरा के करिया ना माने. बहुत भइल त भुअर भले मान लेव लोग. एकरा के एहू तरह कह सकीलें कि आपन धन कबो करिया ना होला. घूसखोरो कहेलें कि अइसहीं घूस ना भेंटाव, ओकरा ला बहुते ऊँच-नीच, झूठ-साँच करे के पड़ेला. अब एह मेहनत के कमाई के ऊ करिया कइसे कहसु. धन वाला अर्थे का तरह बातो वाला अर्थ के कई रंग हो सकेला आ जब खास तरीका से कहल जाव त ओकर दू गो अर्थ होला. एक त असल आ दुसरका ओकरा के लीपे-पोते वाला अर्थ. दुअर्थी बोल खातिर भोजपुरी खास क के बदनाम हिय काहे कि आम भोजपुरी में दुअर्थी बातन के प्रचलन बहुते सामान्य तरीका से होखल करेला. अब एह बाति पर केहू अनर्थ करे के मत सोचे लागे.

अनर्थ माने होला त बिना अर्थ वाला बाकिर अनर्थ हमेशा कवनो ना कवनो मतलब से कइल जाला. बिना मतलब के अनर्थ ना होखे. अलग बाति बा कि एह अनर्थ के भुगते वाला के ना बुझाव कि ओकरा साथे अनर्थ काहे भइल भा होखत बा. संयु्क्ताक्षरन से बचे वाला भोजपुरी में अर्थ के अरथ हो जाला आ अर्थ निकालल अरथियावल कहल जाला. बाकिर बेवहार में देखल जाव त अरथियावल कवनो बात के ओह अर्थ निकाले के कहल जाला जवन अर्थ कबो रहले ना रहे. समर्थ समरथ हो जाला आ व्यर्थ बेअरथ. बाकिर बेअरथ से बेकार वाला भाव साफ ना हो पावे. व्यर्थ बेकारो होला आ बेअरथो. अर्थी जरूर अर्थ से बनल होखी बाकिर अबहीं याद नइखे आवत कि अरथी पर चढ़ल आदमी के अरथ खतम हो गइला का चलते अरथी बनल आ कि रथ से बेरथी – अनरथी – हो जाए से. अब एह पर त देखे के पड़ी, संदर्भ खोजे के पड़ी से एह पर फेर कबो. बाकिर चलत-चलत माने आ मतलब से निपट लिहल जरूरी लागत बा.

माने आ मतलब दुनू के माने आ मतलब एके होला. ई अलग बात होला कि मतलब का पीछे कवनो अउरि मतलब हो सकेला बाकिर माने का पाछे कवनो दोसर माने ना होखे. माने बस माने होला जबकि मतलब मतलबी माने. मतलब निकाले वाला के मतलबी कहल जाला बाकिर माने निकाले वाला के मानी केहू ना कहे. मान मानी वाला के कहल जाला माने निकाले वाला के ना. आ एह तरह से हम मतलबी भले होखी मानी ना हईं. आजु के मतलब पूरा हो गइल आ एहिजे खतम करत बानी आजु के बात.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up