दू गो डाक्टरी कविता

by | Nov 14, 2014 | 2 comments

– डा. कमल किशोर सिंह

हम  रटीला रोजे 

‘हिपोक्रेटिस’ हृदय में, धरि ‘धनवंतरी’ ध्यान,
हम रटी ला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.

छछनावे, तडपावे, फेर दुहि लेला प्राण,
बचल ना केहू – चाहे बच्चा, बुढ़, जवान,
हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.

डुबल कवनो सूरज होते  बिहान,
मध्याह्न में केकरो भइल अवसान,
हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.

प्रफुल्लप्राय पुष्पन के मिटल मुस्कान,
केकरो समस्त सजल उजडल उद्यान,
हम रटीला रोजे रोगान शेषान,रोगान शेषान .

बिक्रित, बिकलांग, बंचित सुख सम्मान,
कोई बिस्तर पडल बा – मृतक समान .
हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.

कैंसर, संक्रामक, अनुबंशिक, अनजान,
मिले शीघ्र सभकर सहज समाधान.
हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.
 
भौतिक, रसायन, चिकित्सा बिद्वान.
खोजें निरंतर नूतन निदान
हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान.


टीका

सात सूई के तेइस चुभाका,
आ ले ल मुँह में टीका-ठोप,
बाल ना बाँका करी ताहार;
सब संक्रामक रोग  प्रकोप.

सभ बिश्व महायुद्धो से भारी,
जन संहार  कइलस महामारी.
जब से टीका के  डंका  बाजल,
जीवाणु दल में भगदड़ माचल.
 
पोलियो के पस्त पराजित कइलस
चेचक के चिन्ह  मेटवलस.
टेटनस के टाँग टूटल कब से,
डिप्थेरिआ के गला दबवलस.

मिजिल्स, मंप्स, रूबेलो के,
कोना में कहीं घुसा देिहलस.
मेनिंजिटिस लगलन माथा ठोके,
हेपेटाइटिसो के हरा दिहलस.

टीबी, एच.आई.भी. ओ से
युद्ध गोरिल्ला जारी  बा,
हर संक्रामक  जीवाणु प
लागल पहरा भारी  बा.

डर कइसन् टीका सूई से,
तनी  डरऽ ज्वर बेमारी  से .
सब कोई जब टीका लीही,
जग बच जाई महामारी से.


डॉ . कमल किशोर सिंह, रिवरहेड, न्यू यॉर्क, अमेरिका. 

Loading

2 Comments

  1. मैना: भोजपुरी लोकसाहित्य

    बहुत सुन्दर कबिता बाड़ी सऽ। वर्तमान स्वास्थ्य संबन्धी परेसानीन के बढ़िया सबद में परोसले बानी।

  2. amritanshuom

    मजदार रचना…….बहुत नीक लागल….

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up