भोजपुरी गजल

by | Aug 16, 2013 | 0 comments

– मनोज भावुक

(१)
सर से हाथ हटा के देखीं , हाथ-पैर चला के देखीं,
कुछ ना कुछ रस्ता निकली,बुद्धि के दउरा के देखीं

पहिले त उठ्ठीं-जागीं, फिर आलस के कंबल फेकीं
मन जरूर फरहर होई, दाढ़ी बाल बनवा के देखीं

दूध के धोवल केहू नइखे ,सब हमाम में नंगा बा
जादा ना बस एक महीना के अख़बार उठा के देखीं

बीट करेला कउवा सरवा महादेव के ऊपर भी
ना यकीन होखे त रउरा मंदिर -मंदिर जाके देखीं

बइठल-बइठल मत सोचीं, अरे गिर-गिर के चलले बा सब
मंजिल नियरा लउके लागी, बस एक क़दम बढ़ा के देखीं

जेकर नाम भइल बा ओकरा पीछे कुकुर पड़ल बाटे
सब नामी लोगन के रउरा बस इतिहास उठा के देखीं

सबकर जिनगी उपन्यास ह, सबकर जिनगी नाटक ह
रउरो अपना जिनगी के सब पन्ना के सरिया के देखीं

‘भावुक’ मन के मार-मार के मत खुद के कमजोर करीं
भूल भइल जे भूल से ओह अनुभव के ज्ञान बना के देखीं


(२)

गोबरे गणेश बा इहां
अब उहे विशेष बा इहां.

बा कहां इहां प आदमी,
आदमी के भेष बा इहां.

जानवर में प्रेम बा मगर
आदमी में द्वेष बा इहां.

यार तू संभल-संभल चलs
डेगे-डेगे ठेस बा इहां.

जिंदगी अगर हs जेल तs
हर केहू प केस बा इहां

बा कहां प जिंदगी ‘मनोज’
आदमी के रेस बा इहां

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up