मुन्नी इयाद करे नानी के

by | Jan 30, 2012 | 1 comment


(पाती के अंक 62-63 (जनवरी 2012 अंक) से – 10वी प्रस्तुति)

– गंगा प्रसाद अरुण

नानी हो,
बहुते इयाद आवेला तोहार
खास करके तब
जबकि पापा-मम्मी दूनो लोग
चलि जाला अपना-अपना आफिस-स्कूल
बन कइके हमनी के ताला में.
जानेलू, घर में कबो-कबो
आ जालें स नेउर-बिलाई
आ डेरा जाइले हमनी दूनो बहिन-भाई
दादी घरे रहिती त ना नूँ होइत अइसन !

नानी हो,
बड़ी मानेले रिंकिया के, ओकर दादी
सँच के राखेले ओकरा खातिर
मर-मिठाई, पाहुर-परसादी
खूबे प्यार करेले, साज-सिंगार करेले
गोड़ रंगेले, पाउडर-बिन्दी लगा देले
आ सजा देले ओकरा के गुड़िया अइसन
जइसे तू करत रहलू हमरा के.
परेशान हो जाले ओकरा बर-बेरामी में
काढ़ा-दवाई देबेले, खिआवेले-पिआवेले
आँचर ओढ़ावेले, गोदी में छिपावेले
कहानी सुनावेले तोहरे अइसन –

नानी हो,
तोहरे एकबाल से त हमनी के
सकलीं निहार ई संसार
खटपरू मम्मी के तूही त बनलू सहारा
महीनवन कइलू ओकर देखभल
दवा-बीरो, धेआन
तबे त बाँचल ओकर परान
आ देख पवलीं हमनी तोहरे कोरा
एह दुनिया के अँजोरा !

नानी हो,
बतावेलन पापा कि ना रहती तोहार नानी
त भइयो एह दुनिया में ना आइत
दादी-फुआ त बस देखत रहली
मम्मी के घरसे बहरिआवे के घरी-साइत !
का दो बाँझ हीयऽ, संतान से घर का सजाई
पापा के दोसर बिआह कर दिआई
बाकिर, तू कुल्हि सम्हार लिहलू
अशक्त-अलचार मम्मी के सेवा से
आ हमनी के जिनिगी के जतन-हुलास से
तूं ही त बचवलू हमनी के
दियरी के टेम्ही अस काल के बतास से !

नानी हो,
दादी के गुन का गाईं
कुछो सुख त ना जनलीं जा बहिन-भई
ऊ जइसे बिसमाध जाली हमनी के देखते
आ लागल रहेली खाली फूए के संतान सँवारे में
सँवारे से जादे बिगाड़े में !
टाँफी-बिस्कुट-लकठो-चना-चबेना
चुपे चोरी थम्हा देली अपना नाती-नातिन के
आ ताकते रह जालीं जा हमनी पोता-पोती
जइसे हमनी के कुछ हइये नइखीं उनका नजर में !
काल्हुए ओह कुल्हिन के नहववलीं-धोअवली
चानी पर चुरूआ भर चमेली के तेल चँपली
कपड़ा-लाता कचरली
आ छिनिया देली हमार एगो चड्डी !

नानी हो,
खोजत रहीला हम अपना दादी में
तोहरे अइसन नेह-छोह, माया-छाया
तबे नू भइया बोलत रहे एक दिन नाना से –
– ”नानाजी, नानाजी, हमार दादी मू गइल“
का फरक परत बा अइसन दादी के
भइल, ना भइल ?

नानी हो,
ना करत रहे तोहरा पास से आवे कें मन
बाकिर, आवे के परल मम्मी के साथ मजबूरन
लोगन के टोका-टोकी से –
– ”कहवाँ पढ़ेलू ?“- ”कब नाँव लिखाइल ?“
– ”ना पढ़बू त का बकरी चरइबू ?“ हम का कहीं ?
अइसे अपना उमिर के कवनो बच्चा से
कुछ जादहीं सिखले-जनले बानीं
रंग-अच्छर ज्ञान, गीत, कविता-कहानी.

नानी हो,
अबहीं हमार उमिरे का बा ?
तबो हम पढ़ब, खूब पढ़ब, आगे बढ़ब !
बाकिर, जब दादी बनब त अपना पोता-पोती के
प्यार करब, प्यार करे सिखाइब खूब जानब-मानब
‘हमरा दादी अस कोई के दादी जनि होखे’
भगवान से बस इहे मनाइब-गोहराइब !


पिछला कई बेर से भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका “पाती” के पूरा के पूरा अंक अँजोरिया पर् दिहल जात रहल बा. अबकी एह पत्रिका के जनवरी 2012 वाला अंक के सामग्री सीधे अँजोरिया पर दिहल जा रहल बा जेहसे कि अधिका से अधिका पाठक तक ई पहुँच पावे. पीडीएफ फाइल एक त बहुते बड़ हो जाला आ कई पाठक ओकरा के डाउनलोड ना करसु. आशा बा जे ई बदलाव रउरा सभे के नीक लागी.

पाती के संपर्क सूत्र
द्वारा डा॰ अशोक द्विवेदी
टैगोर नगर, सिविल लाइन्स बलिया – 277001
फोन – 08004375093
ashok.dvivedi@rediffmail.com

Loading

1 Comment

  1. suresh singh chandel

    munni yaad kare naani ke… pyaar , mamata aur sneha kaise bant jala ;

    naati naatin aur pota potin ke bich mein . sach me raur ee

    prastuti lajawaab baa .

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up