राकेश कुमार पाण्डेय के दू गो कविता

by | Nov 26, 2023 | 0 comments


– राकेश कुमार पाण्डेय

(1)

माटी धूर क गंवई जिनगी, गइया भईंस चराईं।
खेती-बारी भीर बहुत बा, फुरसत ना हम पाईं।
भोरहटिये से सानी-पानी, चउवा नाद लगाईं।
गोबर-गोंइठा दूधवा दूहत, दुपहर होत नहाईं।

छोट मनई छोटकन के संघी, आपन काम चलाईं।
हाकिम-हुक्का साहेब-सुब्बा, लमहीं से घबराईं।
दुआ-सलामी रम-रम्मी बस, सबकर साथ निभाईं।
टेंट में कहवां रुपिया भइया, केहू से अझुराईं।

बड़ा बेकार जमाना ई हऽ, कइसों बचीं-बचाईं।
आपन नेम-धरम आ कारज, अपने कामे आई।
दर-दयाद त घात में झुट्ठे, अंइठल रहें बताईं।
इरखा पालि के बइठल झुठहीं, छाती फारि देखाईं।

खलीहर लुक्खा काम धाम ना, करेलें चुगुलाई।
कइसे बढ़त झिंगुरिया आगे, कइसे टांग खिंचाई।
भयबद्दी ना आपुस रगरा, केकरा के समुझाई।
कार-परोजन बफर क आइल, गउवां गइल बंटाई।

पत्तल-पुरुवा गइल जमाना, देखलीं जो लरिकाईं।
सबही मिलि-जुल भात बनावे, अब त बढ़ल बा खाईं।
बिनु झगरा के मूंह फुलवले, रस्ता रोकल जाई।
बही पनारा सड़की पर हो, झाड़ा सड़क फिराई।

अपने काम से छुट्टी कहवां, नेउता नात हिताई।
जोरते-तोरत गइल उमिरिया, नूने तेल दवाई।
सीजन अवते चिंता भारू, खेती खाद जोताई।
घरनी ओरहन अलगे सुनते, छागल कहां किनाई।

कुल्ही महंग बा गिट्टी-बालू, कइसे टीन धराई।
मड़ई छावे वाला केहु ना, हूनर कहाँ से आई।
नवा जमाना नई कहानी, आइल नई पढ़ाई।
टेल्हुआ मांगे नई मोबाइल, कइसे कीनि दिआई।

आनलाइन महटर अब लउकें, का इस्कूले जाईं।
कउवा खरहा ना अब पढ़े, डॉगी कैट सुनाई।
एक इकाई दुइ इकाई, अब ना लिक्खे पाई।
टाई बान्हि के वन टू थीरी, नन्हका मोर सुनाई।

माई बाबू पहिले छोड़लस, हमहूं डैड कहाईं।
बनल बजार भोजपुरियो छोड़लस, लिक्खीं का कविताई।
देखते-देखत बदलल भइया, भाव-विचार-पढ़ाई।
पठशाला में हमहूं पढ़लीं, गइलीं हम पछुआई।

(2)

जीउ छुछुआत बा कविता लिखात बा।
गरमी क पेट फाटत देंह खजुआत बा।
डाहत घाम बा झंउसल चाम बा।
छाँह में अराम कहां बेनवें हंकात बा।

कउनो त काम ना खलीहर त झाम ना।
झिंगना के मड़ई में तसवे फेंटात बा।
गुटखा पुकार बा ताड़ी क ढेकार बा।
संझवा के हिक भर दरुवे पिआत बा।

बरखा के आस ना गोरुअन के घास ना।
झोंकरल चरी मूंग चिचुकल तोरात बा।
बरसी अषाढ़ ना बेहन में बाढ़ ना।
धरती झुराइल खेत कोंहड़ा सुखात बा।

तर-तरकारी ना अमवों के फारी ना।
रहर क दाल महंग भिंडी तोरात बा।
गर-गिरहस्थी में कवन चीज सस्ती में।
आवे जो चुनाव कवनों रुपये भेंटात बा।

जांगरे ना काम का बइठल अराम बा।
झुठवें कहत बाड़ीं रोजी ना हेरात बा।
मजा बा तास में मेहरी के पास में।
बतिये आ जतिये पर दोसवा गिनात बा़।

(3)
राकेश कुमार पाण्डेय के लिखल एगो कविता मशहूर भोजपुरी गायक भरत शर्मा के आवाज में –

राकेश कुमार पाण्डेय (शिक्षक)
हुरमुजपुर, सादात, गाजीपुर, उत्तर प्रदेश, पिन कोड-275204

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up