शशी प्रेमदेव के दुगो गजल

by | Jun 23, 2023 | 0 comments

-शशी प्रेमदेव

(एक)

खूब गतरे-गतर फरी केहू
ठूँठ-जस देखि के जरी केहू
रो रहल बा सिवान में कुक्कुर
फेरु टूटी कहर… मरी केहू

का बिरिध का सयान का लरिका
फारि दी लाद ए‘ घरी केहू
दिन-दहाड़े अनेति समरथ के
देखियो ली त‘ का करी केहू

आँखि कमतर कहो त‘ केकरा के
हूर बाटे केहू परी केहू
गून गावत फिरी हिडिम्बा के
पढ़ि के देखे त‘ ‘बनचरी‘ केहू

घूस देके ‘‘शशी‘‘, बिजूका के
हीक भर हरियरी चरी केहू

(दू)

धीरे-धीरे आगा डेग बढ़ावे सीख रहल बानीं
अब हमहूँ जिनगी के थाह लगावे सीख रहल बानीं

हाथ बढ़ाके तरई छूवे के सपना कइसे देखीं
अबहीं तऽ माटी में फूल उगावे सीख रहल बानीं

जहिया से तूँ कहि गइलऽ कि खुश रहिहऽ, तहिये से हम
अपने हाथे अपना के गुदुरावे सीख रहल बानीं

केतनो तीत रहल होखे भा केतनो मीठ रहल होखे
हर बीतल घटना के हम बिसरावे सीख रहल बानीं

अबले जेकरा के डाहल-तड़पावल नीक लगल हमके
अब ओकरे के पुचकारे-बहलावे सीख रहल बानीं

जबसे भान भइल कि दुइए दिन के खेला बा जिनगी
हँसिके हम सबसे बोले-बतियावे सीख रहल बानीं

हम का बीनब रउवा के फाँसे खातिर जंजाल, ‘शशी‘
हम तऽ अपने अझुराहट सझुरावे सीख रहल बानीं

————————–
शशी प्रेमदेव
– प्रवक्ता (अंग्रेजी) कुँवर सिंह इन्टर कॉलेज, बलिया

————————-
(भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के दिसम्बर 2022 अंक से साभार)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up