समाज आज कऽ आ एतना बा पानी अँखियन में

by | Dec 2, 2023 | 1 comment

– डॉ कमलेश राय,

(एक)

समाज आज कऽ

जाने कइसे रही निरोग
बढ़ल जात बाटे दिन पर दिन
अब अखबारी लोग ।

झूठ, फरेब, जाल, तिकड़म
के बा गोरखधंधा
निपट सुवारथ में हो-होके
आँखि अछत अंधा
घर के भीतर घात करे
अबके घरबारी लोग ।

समझ न आवे सही गलत में
के अब फरक करी
दूध -दूध , पानी क पानी
के अब बिलग करी
हंस क चोला पहिन के
बइठल बा दरबारी लोग ।

सस्ता दर सस्ता देखीं
ईमान भइल बाटे
मुश्किल आज आदमी क
पहिचान भइल बाटे
रोज करत बा
आन्हर ऐना क रखवारी लोग ।

टूट गइल बा कच्चा धागा
रिश्ता नाता कऽ
दांव चढ़ल बाटे पांचाली
अब मरजादा कऽ
चुप्पी साधि परल बा
बोले कऽ अधिकारी लोग ।

(दू)

एतना बा पानी अंखियन में

ढरि ढरि पीर हरे
बजर भइल छाती अब
केहू केतनों मूंग दरे !
हूम करत में हाथ आगि से
एतना बेर जरल
अब ना दाह-ताप क तनिको
मन में फिकिर रहल

दहत-तपत ई जिनगी
चाहे जेतना बेर जरे !
जेकर ना आकाश,
पांखि नाहीं परवाज बचल
नाहीं कवनों आस,
चाह नाहीं आवाज बचल

केतना धीर धरे जिनगी में
केतना आह भरे !
जेकर सेज काँट पर
बाटे गतर- गतर पीरा
जहर पिये बनिके
कबहूँ सुकरात कबों मीरा
साँच कहे में ऊ केहू से
काहें भला डरे!

– डॉ कमलेश राय,
खण्डेलवाल स्नातकोत्तर महाविद्यालय, मऊ (उत्तर प्रदेश)

(भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के अंक 103 से साभार)

Loading

1 Comment

  1. Anonymous

    डा. कमलेश राय के दुनो कविता बहुत निमन आ प्रभावशाली लागल.
    – कमल किशोर सिंह

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up