घर आ मकान में का फरक होला

by | Dec 1, 2023 | 0 comments

भउजी हो !

का बबुआ ?

घर आ मकान में का फरक होला ?

हर घर मकान हो सकेला बाकिर हर मकान घर ना हो सके. दोसरा तरह से कहीं त कवनो मकान राउर घर हो सकेला बाकिर जरूरी नइखे कि राउर घर राउर मकानो होखे.

घनचक्कर बनावे में तोहर कवनो सानी नइखे. सोझो सवाल के जबाब अतना घूमा के दे देलू कि माथा घूम जाला.

आ रउरा जवन सवाल करेनी तवना के जबाब दोसरा तरह से दिहलो ना जा सके. रउरा हमरा से सवाल कइनी कि घर आ मकान में का फरक होला. एकर जतना आसान आ सहज जबाब हो सकत रहुवे तवने त हम बतवनी ह. अब अतना सहज जबाबो रउरा के असहज कर दिहलसि त आईं एकरा के दोसरा तरह से समुझीं. रउरा अपना घर के बेच सकीलें का ?

ना. काहें कि ऊ हमरा बाबूजी का नाँवे बा आ अपना जिनिगी में उहे एकरा के बेच सकेलें.

त समुझिए गइनी कि घर आ मकान में का फरक होला ! जहाँ रउरा रहे के अधिकार होखे ऊ राउर घर होला बाकिर जवना के मिल्कियत रउरा लगे होखे ऊ राउर मकानो हो जाला. जइसे कि ई राउर घर ह. जब मन करे आईं, रहीं. बाकिर मकान त ई रउरा भईया के ह. हमरो ई घरे ह, काहे कि अबहीं ले राउर भईया एकर मलिकाँव हमरा के नइखन दिहलें. एही तरह एगो महीन फरक होला आवास आ निवास में. निवास स्थायी सुभाव वाला होला, आवास अस्थायी. आजु हे शहर में बानी काल्हु हो शहर में. राउर आवास बदलत रहेला बाकिर निवास के पता स्थायी होला. आवास के रउरा डेरो कह सकीलें. कह का सकीलें लोग कहबे करेला. डेरा जहाँ रउरा ठहरल बानी तवन राउर डेरा होला. डेरा में रहल जाला बाकिर रहे के अधिकार ना होखे. रउरा तहिए ले ओह डेरा में रह सकीलें जहिया ले ओह डेरा के मालिक रउरा के रहे देव.

ऐ भउजी, एगो अउर सवाल पूछ लीं ? कहीं अइसन त नइखे कि तू वकालतो के पढ़ाई पढ़ले बाड़ू ?

ना बबुआ. लइकियाहे में बाबूजी बिआह दिहलन. आ ससुरा में आके चउकाचूल्हा में अझूरइला से समय बाचों तब नू कवनो पढ़ाईवढ़ाई होखो. बाकिर ई सवाल रउरा पूछे के मन कइसे क गइल.

एहसे कि तू जइसन घुरमिचियाह जवाब देत रहेलू ऊ सोझवा के बस के बात नइखे.

ऐ बबुआ, सोझवा होखीं बाकिर सोझबउक ना.

हँ भउजी. तबे नू हमार सास कबो ना गवली कि अइसन बउरहवा सर से गउरा ना बिअहबो. भले गउरा रहसु कुँवार !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up