डायन आ पनौती में कवनो आ का फरक होला

by | Nov 23, 2023 | 0 comments


भउजी हो !

का बबुआ ?

डायन आ पनौती में कवनो आ का फरक होला ?

बहुते टीवी देखे लागल बानी का ? देखीं बाकिर हो सके त राजनीतिक झकाझूमरी के महतियावलो सीखीं.

ठीक बा भउजी. बाकिर जवन पूछनी ह ओकर जबाब त दे दऽ.

अउर कुछ जाने से पहिले ई जान लीं कि पनौती आ डायन उभयलिंगी शब्द हईं स. पनौती मरदो हो सकेला आ औरतो. ओही तरह डायन मरदो हो सकेला आ औरतो. अब ई जान लीं कि जेकरा महज मौजूदगी से कुछ खराब घटित हो जाव ओकरा के पनौती माने लागेला लोग. जबकि डायन के महज मौजूदगी से कुछ ना होखे, ओकरा कुछ कइला से खराब घटना होला. जइसे कि अगर कवनो कनिया का अइला का बाद से परिवार में, गाँव-टोला में खराब घटित होखे लागेला त ओकरा के पनौती माने के चाहीं. बाकिर अगर कवनो घटना ओकरा साजिश से घटल होखे त ओकरा के डायन कहे के चाहीं. दोसरा तरह से कहीं त हर डायन पनौती होले भा होला, जबकि हर पनौती के डायन ना कहल जा सके.
अब एगो हमरो सवाल बा. ई पनौती आ डायन वाली चरचा आजु काहे उठवनी ह ?

कुछ दिन पहिले वर्ल्ड कप क्रिकेट फाइनल में टीम इण्डिया के हरला का बाद राहुल गाँधी के बयाम आइल कि मैच त टीम जीतिये लीत बाकिर एगो पनौती के आ गइला का चलते ओकर हार हो गइल. एकरा बाद से भाजपा के लोग पुरान-पुरान घटना-दुर्घटना उलीचे लागल बा लोग. कहे लागल बा लोग कि जब बरीसन पहिले भइल एशिया कप हॉकी फाइनल में भारत के टीम पाकिस्तान से हार गइल रहुवे तब ओह घरी के पीएम इन्दिरा गाँधी स्टेडियम में मौजूद रहली. त का उहो पनौती रहली ? आ जब कवनो कनिया के अइला का बाद ओकर देवर के मौत हो जाव, सासु के गोली से भून दीहल जाव, भतार के बम से उड़ा दीहल जाव त ओह कनिया के का कहे के चाहीं – पनौती कि डायन. एकरा बाद हमरा मन में सवाल उठल कि डायन खाली औरते होली सँ कि मरदो डायन होखेलें. ओही तरह पनौती मरद होला कि औरत.

एगो सलाह देत बानी. महलन के राजनीति में आपन दामन बचा के राखे के चाहीं. राजनीति करेवाला त कारसेवकन के गोली मरवावे वाला के समय पड़ला पर पद्म पुरस्कारो दे सकेलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up