एक दिन बेटी खातिर तीरथ-व्रत करी लोग

by | Jul 25, 2013 | 0 comments

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद के घर के सामने तिवारी जी के घर बा. बाबाजी गाय भैंस पोसले बाड़े आ पोता होला के आस में दूध बेच दे तारे, पोती लोग के दूध ना पियइहें. तिवराइन कहेली कि ‘का जाने कहां से ई लछमी जी लोग दउरल-दउरल चल आवऽता लोग.’ तिवराइन पोती आ नाती से उबिया गइल बाड़ी. ई बात अकेले तिवराइन के ना ह. अपना देस में नाती चाहे पोता भइल राष्ट्रपति भइला के बराबर बा. तिवराइन के बात का अस्सी साल के बुढ़ियो पोता चाहे नाती खातिर भगवान से अउरी उमिर के अपलीकेशन देत रहेले. अब ई इंतजार में चाहे लइकिन के लाइन काहे ना लाग जाउ. बेटा के माई, दादी चाहे नानी हो के मेहरारू त अइसन इतराली सन कि बुझाला कि मुखिअई के एलेक्शन जीत गइली सन. बेटा चाहे पोता के चक्कर में लोग पेटे में बेटिन के मुआ दे ता. अब एकनी के के बतावे कि बेटिया ना रहिहें सन त बेटवा कहां से अइहें सन. अबही हाले में जनसंख्या के आंकड़ा बांच के बाबा लस्टमानंद कहले रामचेला से कि, हो भाई, देश में लइकवन से लइकियन के संख्या घटल जा ता. अब जे इहे हाल होई त बियाह-शादी कठिन हो जाई, आ एगो अइसन दिन आई जे लइकी वालन के भाव बढ़ि जाई आ उल्टे लइकिये वाला लगिहें सन दहेज मांगे आ दहेजो दे के बेटन के बियाह ना कर पइबऽ. जान जा रामचेला कि जे असहीं चलल त प्राचीन काल के कथा दोहरावे के पड़ी कि एगो बियाह खातिर स्वयंवर से ले के युद्ध तक ना जाने कातना पापड़ बेलत रहे लोग. कबही शिव जी के धनुष उठावऽ त कबो मछली के आंख में तीर मारऽ. ना जाने कातना अधापन करे के परत रहे तब कहीं जा के एगो कनिया भेंटात रहे.

पहिले लइकिन के बारे में का पोजीशन रहे ई त कहीं लिखल नइखे लेकिन आज के जमाना में जब अपना देश में लइकी बहुते कम हो जइहें सन त स्वयंवरों दोसरा तरह के होई. एगो लइकी के बियाह खातिर अखबार-टीवी पर विज्ञापन आई. हजारों लइका आ जइहें सन. भारी कमपीटीशन होई, हो सकेला आईपीएल के तर्ज पर क्वार्टर फाइनल, सेमीफाइनल आ फाइनल होखो आ जे जीते ओकरे कनियां भेंटाव. जइसे आई आई टी चाहे आई ए एस के कोचिंग होला ओसहीं बियाह के कोचिंग होई आ आइडियल दुलहा कइसे बनी ओरा पर किताब लिखल जाई. सत्संग अइसन दुल्हा बने के गुण सिखावे खातिर टीवी पर प्रवचन होई. आज जइसे एक-एक लइकिन के दस-दस गो लइका रिजेक्ट करऽतारे सन ओसही ऊ समय में एगो लइकी दस-दस हजार लइकन के रिजेक्ट क दी. इहे हाल रहल त एक दिन अइसन जरूर आई कि बेटी खातिर लोग तीरथ करी, व्रत करी आ लइका भइला पर गारी दी. बाबा लस्टमानंद के ई बात तिवराइनो सुनली आ मन में लइकियन के नांव ले के मुसकियात चलि गइली.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up