एगो के बुड़बक दोसरका के बताह

by | Jan 3, 2024 | 0 comments


राजनीतिओ गजब के रचना रचेले. आ एह हर रचना के मीडिया का जरिए अतना बढ़ा-चढ़ा के पेश क दीहल जाला कि बाद में सुने-देखे-पढ़े वाला सोचियो ना पावे कि एह पूरा जंजाल का पीछे असल बात भा घटना का रहुवे. आर्टिफिसियल इंटेलीजेन्स त अब चरचा में आइल बा बाकिर ओकरा से पहिले ई काम सोशल मीडिया का जरिए शुरु क दीहल गइल रहुवे. सोशल मीडिया के बुनल जंजाल के चिन्हल-पहिचानल संभव रहुवे थोड़का सामान्य ज्ञान के उपयोग से बाकिर आर्टिफिसियल इंटेलीजेन्स के बुनल जंजाल अतना गहीन – महीनो से महीन – बुनाए लागल बा कि ओकर बनावल फेक मीडिया देख के उहो मनई चकरा जाई जेकरा के लेके ऊ बनावल गइल होला.

2024 के लोकसभा चुनाव आसान नइखे रहे वाला. दुनू पक्ष ला ई जीवन-मरण के सवाल बन गइल बा. सत्ता पक्ष हारल त ओकरा पर ऊ आफत आई जवना के ऊ सोचिए के सिहर जात बा. आ अगर सत्ता पक्ष जीत गइल त विपक्ष के अस्तित्वे संकट में पड़ जाए वाला बा. अबहीं त सीबीआई, ईडी वगैरह परेशान क के रखले बाड़ी सँ, बाकिर अगर सत्ता पक्ष जीत गइल त पूरा विपक्ष अपने कइल करमन का चलते जेल भुगते ला मजबूर हो जाई. सीबीआई, ईडी कवनो झूठ नइखन गढ़त बाकिर विपक्ष के कहना बा कि अइसनका त कबो ना भइल रहुवे. आयरन लेडी पर जब भठियरपन के आरोप लागल आ न्यायालय मान लिहलसि कि गलत भइल बा आ उनुकर चुनाव रद्द क दिहलसि त आयरन लेडी पूरा देश का आपातकाल का जंजीरन में बान्ह दिहले रही. एके रात में लाखन विरोधियन के जेल में डाल दीहल गइल. तब के आपातकाल आ आवे वाला आफतकाल में फरक बस अतने के रहे वाला बा कि तब विपक्षियन का खिलाफ कवनो अइसन अछरंग ना रहुवे जवना चलते उनुका के सजा दीहल जा सकत रहुवे. आ सभका के आगे चलि के छोड़ही के पड़ल रहुवे.

बाकिर आवे वाला आफतकाल में विपक्षीयन के मुसीबत इहे होखे वाला बा कि सभका खिलाफ कवनो ना कवनो अइसन अछरंग चपकल बा जवना के माफी अदालतो से नइखे मिले वाला. अपना के कट्टर ईमानदार कहेवालन के हश्र देखते बानी कि अदालत से जमानत ले नइखे मिल पावत. आ ओहनी के मुखिया के हवा सटकल बा कि हिम्मत नइखे होखत कि ईडी के बोलावा पर चहुँप जासु आपन सफाई देबे खातिर. लोग के मालूम होखे भा ना, उनुका त मालूमे बा कि ऊ कवन-कवन कमाल क भा करवा चुकल बाड़न, एही चलते हिम्मत नइखे होखत कि ईडी का सामने पेश हो के ओकरा सवालन के जबाब दे सकसु.

बाकिर आजु के मथैला त बुड़बक आ बताह के बात कइले रहुवे, ई भठियरपन के चरचा बहकि गइल. एहसे लवटल बानी बुड़बक-बताह वाला मसला पर.

एह चुनावी भा राजनीतिक ढेला फेंकऊवल में कवनो पक्ष कम नइखे. विपक्ष पूरा जोर लगवलसि कि फेंकू के लेबल चपका दीहल जाव. बाकिर ऊ अइसन टेफ्लॉन कोटिंग करवा के रखले बाड़न कि ओकरा पर कुछऊ चपकावल आसान नइखे रहि गइल. बाकिर उनुका गोल के धुरंधर अइसन मारक बाड़ें कि एगा नया नया नेता बने आइल बबुआ का खिलाफ अतना आ अइसन प्रचार भा दुष्प्रचार क दिहलें सँ कि बबुआ के नामे पप्पू पड़ि गइल. अब हाल ई हो गइल बा कि बहुते परिवारन में कवनो लइका के पप्पू कहल बन्द कर दीहल गइल बा. पप्पू के मतलब अब बुड़बक हो गइल बा. आ ढेर दिन ना लागी जब पप्पू संज्ञा ना हो के विशेषण बनि जाई.

त पप्पू के किनारा लगवला का बाद पलटू के कुछ लोग अतना चढ़ा दीहल कि बस अब त रउरे बानी सगरी विपक्ष में जे देश के नेता बनि सकेला. आ पहिलहूं दू बेर पलटि मार चुकल पलटू चाचा तिसरका बेर पलटी मार दिहलें. आ मजा के बाति ई कि जवन लोग उनुका के पलटू चाचा का नाम से मशहूर क दिहलें ओही लोगन का संगत में पड़ि के पंगत में बइठ गइलन. पलटू का खिलाफ केहू कवनो दोॅष खोज लेव बाकिर उनुका पर केहू – कट्टर विरोधियो – भठियरपन के आरोप ना लगे सके. अलग बाति बा कि एक दिन ऊ अपना बोली में अतना भठियरपन देखा दीहलन कि उनुका के बोली के फूहड़ त कहले जा सकेला.

बाति फेरू बहके एहसे पहिलहीं बताह का मसला पर लवट लेत बानी. बुड़बक के चरचा त करिए चुकल बानी. त सोशल मीडिया के योद्धा पलटू चाचा के बताह घोषित करे में लाग गइल बाड़े सँ. कहाए लागल बा कि पलटू चाचा के एगो षडयंत्र में कवनो अइसन चीझू खिआवल जात बा जवना से ऊ उनुकर बुद्धि हेराए लागल बा. केहू इशारा में बतावल चाहत बा कि ऊ अल्झाइमर के रोगी हो गइल बाड़न. केहू अफसरान के बहाने बतावे लागल बाड़ें कि अब उनुका कुछ बुझात नइखे. कुछ उनुके संगी-साथी – भा कहीं त संघतिया (संघतिया माने जे संगे रहि के घात करे !) – लोग कहत बा कि अब कई बेर त उनुका दिक्कत हो जात बा हमनिओ के चिन्हे में. ले देके इहे साबित कइल जा रहल बा कि ऊ बताह हो गइल बाड़न. बताह माने बतक्कड़ ना होखे, बताह माने मंद बुद्धिओ ना होखे. मशद बुद्धि वाला के मेहनत क के कुछ सिखावल पढ़ावल संभव होखेला बाकिर बताह के त मतिए हेरा गइल रहेला. कुछ लोग बताह के माने पागलो से ले सकेलें. आ जब पलटू चाचा बताहे हो गइल बाड़न त उनुका से कुछऊ उमेद राखल बेकार होखे वाला बा.

एही चलते अबकी पलटू चाचा चाहिओ के पलटि नइखन मार पावत. एक फरीक उनुका के बुड़बक बनावे में लागल बा त दोसरका फरीक बताह साबित करे में. देखल जाव पलटू चाचा एहमें से कवना फरीक के सही साबित करत बाड़न. अपना के सही साबित करे वाला उनुकर दौर अब इतिहास के बात हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up