फैसला आ इंसाफ के मामिला के फैसला भा इंसाफ कइसे होखी – (बतकुच्चन – 208)

by | Oct 20, 2023 | 0 comments

एगो वेबसाइट के नाम हवे जस्ट इन जस्टिस. डॉटकॉम कि डॉटइन एकरा में पड़े के जरुरत नइखे. मतलब त बस जस्टइनजस्टिस से बावे. त ओकरा के देखनी त मन में सवाल उठल कि कहीं जस्ट इनजस्टिस कहि के इनजस्टिस के जस्टिफाई त नइखे कइल गइल बाकिर फेर गहराई से जाने के कोशिश कइनी त देखनी कि जस्टिस में जस्ट के जरुरत के रेघरियावल गइल रहुवे. होखहूँ के चाहीं. अगर जस्टिस में जस्ट समाहित नइखे त ऊ जस्टिस ना कहा के प्रोनाउन्समेंट हो जाई.

हालही में अदालत से एगो फैसला आइल जवना में फर्जीवाड़ा करे के दोषी मिलला का बाद एकही परिवार के तीनजने के सात बरीस के जेल के सजा सुना दीहल गइल. एह फैसला पर प्रतिक्रिया देत असल अपराधी के कहना रहल कि ई इंसाफ ना हो के महज एगो फैसला भर माने के चाहीं. ऊ कहलन त ना बाकिर हम सोचे लगनी कि सचहूं एह में इंसाफ नइखे भइल का. कहीं उनुका कहला के मतलब त ई नइखे कि ओह फर्जीवाड़ा में त एके गो अपराधी रहुवे. बाकिर सजा तीन लोग के सुना दीहल गइल. भा ई कि महज तीने लोग के सजा काहे सुनावल गइल. सजा सुनावहीं के रहल त हर ओह आदमी के सजा सुनावे के चाहत रहुवे जे ओह फर्जीवाड़ा में कवनो ना कवनो तरह से शामिल रहुवे. जइसे कि अपना रसूख के इस्तेमाल करा के ऊ अधिकारियन से फर्जी कागजात तइयार करवलसि त ओह अधिकारियनो के त सजा सुनावल चाहत रहुवे. अगर ऊ अधिकारी उनुका रसूख का दबाव में ई गलत काम कइलें त उनुकर मेहरारू आ बेटो त उनुका कहला मुताबिक कइलें. त अधिकारियन के बखसि के परिवारे के काहे सजा सुनावल गइल. एकरा के फैसला त कहल जा सकेला, बाकिर कवनो नजरिया से ई इंसाफ ना कहाई.

अंगरेजी के जस्टइनजस्टिस आ उर्दू के फैसला आ इंसाफ के चरचा का बीच निर्णय आ न्याय के कइसे छोड़ दीहल जाव ! निर्णय के पीछे अगर पर्याप्त आ उचित कारण बा तब त ऊ न्याय होखी ना त मनमर्जी, ह्विम, स्वेच्छाचारे कहाई. पर्याप्त और उचित लिखता इयाद पड़ल कि पुरनका जमाना में रेलगाड़ी का डिब्बा का भीतर एगो सीकड़ लगावल रहत रहुवे जवना के खींच के रेलगाड़ी के रोकल जा सकत रहुवे. ओह सीकड़ का नीचे इहो बतावल गइल रहत रहुवे कि उचित और पर्याप्त कारण के बिना सीकड़ खींचल अपराध मानल जाई आ ओकरा ला पाँच सौ रुपिया भा छह महीना के जेल हो सकेला. एकरा बावजूद ओह सीकड़ के अतना दुरुपयोग कइल गइल कि अब ओकरा के हटाइए दीहल गइल बा.

उचित आ पर्याप्त कारण का बिना सुनावल गइल कवनो निर्णय निर्णय त होखी बाकिर न्याय ना कहल जा सकी. एही तर्क का आधार पर इहो कहल जा सकेला कि उचित आ पर्याप्त कारण का बिना अदालत के कवनो फैसला के आलोचना कइल अपराध होला आ ओकरा ला अदालत ओह आदमी पर अवमानना के आरोप लगा के सजा दीहल जा सकेला. अलग बाति बा कि अवमानना के दोष सिद्ध भइला का बादो अदालत एगो रसूखदार वकील – अधिवक्ता, एडवोकेट, सॉलिसीटर, बैरिस्टर के फरक आम आदमी का समुझ का दायरा से बाहर बावे के महज एक रुपिया के अर्थदण्ड लगा के अदालत पता ना का कहल चहलसि अदालत के मान एक रुपिया के बरोबर बा आ कि ओह वकील के औकात एक कौड़ी से अधिका के नइखे एहसे ओकरा के ओकरा औकात से बेसी के जुर्माना ना लगावल जा सकत रहुवे.

आ आखिर में उहो दिन इयाद आवत बा जब केहू अदालत पर कुछ बोलेलिखे से पहिले हजार बेर सोचत रहुवे. आ एगो जमाना इहो आ गइल कि सोशल मीडिया पर आए दिन कोर्ट के कोठा कहल जात बा बाकिर कवनो कार्रवाई नइखे हो पावत. महामहिमो के एहू पर सोचला के जरुरत बा कि कहीं ऊ लोग जे बाप के राज मान लिहले बा एही चलते त आम आदमी ओकरा के हिकारत से देखे लागल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up