दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के जोड़ के नेता खोजल बहुते मुश्किल होखी. आजु उनुका से जुड़ल एगो खबर पढ़नी त इयाद पड़ गइल लइकाईं के किस्सा. स्कूल जाए के ना पड़े एह खातिर आदमी काँख तर पियाज दबा के राखत रहुवे कि ओकरा बाद बोखार चढ़ जाई आ बाबूजी मान जइहें कि स्कूल मत जा आजु.
कुछ वइसने करामात करे के आरोप अरविन्द केजरीवाल पर ईडी लगवले बिया. दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल एह घरी अपने सरकार का नियन्त्रण में चले वाली तिहाड़ जेल में आराम फरमावत बाड़न. उनुके बनावल जेल मैनूअल उनुका खातिर बवाल बन गइल बा. एक त उनुका से केहू के भेंट के में भरपूर झमेला आ मुलाकात के इजाजत मिलियो जात बा शीशा के एह पार आ ओह पार से टेलीफोन का सहारे बात हो पा रहल बा. आ अदालत बाड़ी सँ कि उनुकर सुनते नइखी सँ. एक से बढ़ के एक महँग वकील कइले बाड़न बाकिर उनुका जेल से बहरी निकले के मौका कवनो अदालत नइखे देत. आ मुफ्तखोरी का लालच मे जनता के फँसा के सरकार बना लेबे वाला केजरीवाल के भरोसा रहुवे कि उनुकर छवि अइसन कट्टर ईमानदार नेता के बन गइल बा कि ऊ चाहे कतनो घोटाला कर लिहें उनुका पर कवनो अछरंग ना लाग पाई. मुख्यमंत्री रहला का बावजूद कवनो कागज पर दस्तखत ना करे वाला, अपना लगे कवनो मंत्रीमंडल ना राखे वाला केजरीवाल सोचले रहलन कि फँसिहें सँ उनुकर मंत्री आ उनुका पर कवनो दोष ना लाग पाई. बाकिर अदालते का सलाह पर ईडी अब उनुका गोल आ.आ.पा. के मुद्दई बना लिहले बिया आ ओकर संचालक होखला का नाते सगरी दोष अब केजरीवाल का माथे मढ़ाए लागल बा.
तरह-तरह के बहाना बनावे में अरविन्द केजरीवाल बेजोड़ हउवन बाकिर अबहीं उनुकर कवनो बहाना कामे नइखे आवत. चहलन कि अपना वकीलन से रोज भेंट करे के ईजाजत ले लेसु अदालत से आ ओकरा बाद ओहनी का मार्फत आपन सरकार चलावत रहसु. बाकिर अदालत कहलसि कि हफ्ता में दुईए दिन ऊ वकीलन से भेंट कर सकेलें.
अब अरजी लगवलन कि उनुका के उनुका निजी चिकित्सक का संंपर्क में लगातार बनल रहे के ईजाजत मिल जाव. एह पर अपना जवाब में ईडी अलगे बन फोड़ दिहलसि. ओकर कहना बा कि अरविन्द केजरीवाल अपना खराब स्वास्थ्य के बहाना बना के जमानत पर बाहर निकलल चाहत बाड़न. सभका मालूम बा कि केजरीवाल डायबिटीज के रोगी हउवन बाकिर आपन तबियत बिगाड़े खातिर एह घरी ऊ पूड़ी मिठाई आ आम चापे पर जोर मार दिहले बाड़न. उनुकर खाना घर से आवत बा आ उहो लोग एह प्रयास में साथ दे रहल बा कि जान जाव त जाव बाकिर कवनो तरह जेल से बाहर त निकलसु.
ईडी के एह बयान का बाद अरविन्द केजरीवाल के वकीलन के कहना बा कि आपन याचिका त केजरीवाल पहिलहीं वापिस ले चुकल बाड़न बाकिर तबहियों ईडी एह तरह के आरोप प्रचार खातिर लगावत बिया. हालांकि उनुको जवाब में अइसन नइखे कहाइल कि पूड़ी मिठाई आम खाए के आरोप केजरीवाल पर गलत लगाावल गइल बा.
मानत त रउरो होखब कि केजरीवाल तोहार नइखे कवनो जोड़. लीं अब पवन सिंह के गावल ई पाँच बरीस पुरान गानो सुन लीं –