– जयंती पांडेय बाबा लस्टमानंद सबेरहीं से उदास बइठल रहले. रामचेला खेत कियोर से घूम घाम के अइले आ जब बाबा के दंडवत कऽ के उनकर मुंह देखले तऽ चिहुक उठले. अरे हरदम हंसे वाला बाबा उदास बइठल बाड़े. रामचेला कहले, ‘का हो बाबा काहे उदासल बाड़ऽ, भईंसिया पाड़ा बियाइलपूरा पढ़ीं…

Advertisements

– डा. कमल किशोर सिंह हम  रटीला रोजे  ‘हिपोक्रेटिस’ हृदय में, धरि ‘धनवंतरी’ ध्यान, हम रटी ला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान. छछनावे, तडपावे, फेर दुहि लेला प्राण, बचल ना केहू – चाहे बच्चा, बुढ़, जवान, हम रटीला रोजे रोगान शेषान, रोगान शेषान. डुबल कवनो सूरज होते  बिहान, मध्याह्न मेंपूरा पढ़ीं…

बतकुच्चन 182 बात विजयादशमी के दिन के ह. ओह दिन कई जगहा मूर्ति भसान ले के झगड़ा फसाद हो गइल आ हम सोचे लगनी कि केकरा के अबर भा दुबर कहाव आ केकरा के जबर. बर अकेले होखे त बरगद के गाछ हो सकेला भा दुलहा. बाकिर अबर दुबर जबरपूरा पढ़ीं…

हालही में मारीशस में भइल अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी गायिका मालिनी अवस्थी के भोजपुरी गौरव सम्मान से सम्मानित कइल गइल. देश दुनिया में हमेशा भोजपुरी गायकी के शान बढ़ावे वाली मालिनी अवस्थी के मारीशस के राष्ट्रपति कैलाश परयाग का हाथे ई सम्मान दिहल गइल. सम्मानित भइला का बाद राष्ट्रपतिपूरा पढ़ीं…

मनोज भावुक को मॉरीशस के राष्ट्रपति रहल आ प्रधानमंत्री रहल सर अनिरुद्ध जगन्नाथ अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी गौरव सम्मान, मॉरिशस 2014 से नवज़लन. भोजपुरी कविता के क्षेत्र में आपन एगो अलग पहचान राखे वाला मनोज भावुक के एक ओर जहां मारीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलस उहवें दोसरा ओर पहिले राष्ट्रपतिपूरा पढ़ीं…

नरेंद्र मोदी सरकार के मंत्रिमंडल के पहिलका विस्तार में आजु अतवार का दिने 21 गो नया मंत्रियन के शामिल कइल गइल. एहमें 4 गो कैबिनेट मंत्री, 14 गो राज्य मंत्री आ 3 गो राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) किरिया लिहले. किरिया धरावे के समारोह राष्ट्रपति भवन में भइल आ राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जीपूरा पढ़ीं…

पिछला 2 नवंबर 2014 का दिने मारीशस के आप्रवासी घाट, पोर्ट लुइस पर गिरमिटिया मजदूरन के अइला के 180वां सालगिरह पूरा धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर मारीशस के राष्ट्रपति राजकेश्वर प्रयाग, प्रधानमंत्री डा॰ नवीनचन्द्र रामगुलाम, भारत के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आ अउरियो खासमखास लोग मौजूद रहल. समारोहपूरा पढ़ीं…

मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री रह चुकल सर अनरुध जगनाथ अगिला साल 2015 में वाराणसी में होखेवाला अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन के मुख्य अतिथि रहीहें. आ खास मेहमान रहीहें भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी. सम्मेलन काशी हिन्दू विश्विद्यालय में करावल जाई. सर जगनाथ से मिले आइल भोजपुरी प्रतिनिधि उनुका के ईपूरा पढ़ीं…

भारत में भोजपुरी पत्रकारिता में आपन ठसक राखे वाला मनोज श्रीवास्तव के भोजपुरी में कइल बढ़िया काम ला मॉरीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलसि. 29 अक्टूबर से 5 नवंबर ले मॉरीशस में चलल अंतराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में मनोज श्रीवास्तव के एह सम्मान खातिर खास क के बोलवले रहुवे मारीशसपूरा पढ़ीं…

भारत में भोजपुरी पत्रकारिता में आपन पहचान बना चुकल कुलदीप श्रीवास्तव के भोजपुरी में कइल बढ़िया काम ला मॉरीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलसि. 29 अक्टूबर से 5 नवंबर ले मॉरीशस में चलल अंतराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में कुलदीप श्रीवास्तव के एह सम्मान खातिर खास क के बोलवले रहुवे मारीशसपूरा पढ़ीं…

– जयंती पांडेय दू दिन पहिले पत्रकार अजीत दूबे जी भेंटइले. बड़ा सज्जन आदमी. कहले, जानऽ जा बाबा लस्टमानंद कि पपीता के पतई के रस पियला से डेंगू जइसन बेमारी भाग जाला. बाबा अचरज में पड़ले. तले संगे खड़ा रामचेला कहले, अजीत बाबा ठीके बोलऽतारे. हमहुं सुनले बानी कि बकरीपूरा पढ़ीं…