साहित्यिक नजरिया आ मूल्यांकन

by | Dec 3, 2013 | 0 comments

PaatiDec13cover
महानगरन में रहे आ जिये वाला हिन्दी, अंग्रेजी के कुछ कवि आलोचक अपना सुविधा आ समझ का अनुसार ,कवनो अवसर पर ‘लोक‘, ‘लोकजीवन‘ आ संस्कृति के बात करेला आ मन मुताबिक अपना खास नजरिया से ओकर इस्तेमालो अपना भासन में करेला.

लोकभाषा में वाचिक भा सिरजल-लिखित साहित्य के आधुनिक आलोचक दृष्टि से देखे क मतलब ई ना होला कि ओके ओकरा मूल समय-सन्दर्भ आ परिवेश से काट दिहल जाव. भोजपुरी भा कवनो लोक भाषा के कवि, तमाम बदलाव का बादो, अगर केहूँ, तरे अपना ओक आ जीवन-संस्कृति से आत्मिक रूप से जुड़ल बा; त खेत-बारी, ताल-तलैया, नदी-पहाड़, बन-बनस्पति से विलग ना होई. अइसहीं ऊ, महानगरन में शहरी ढंग से जिये वाला कवि आलोचक लेखा, गाँव-देहात के ऋतुचक्र, उत्सवधर्मिता आ संवेदनशीलता का प्रति निठोठ-बौद्धिक, कठकरेज आ उदासीन ना होई.

अगर शहरी-महानगरी कवि के भोजपुरी कविता आ साहित्य खाली ‘वेदर रिपोर्ट’ लागी त भोजपुरी भा दोसर लोकभाषाई गँवई कवि के, शहरी-महानगरी कविता बौद्धिक, बनावटी शुष्क आ संवेदनहीन काहें ना लागी? कविता में विचार समाए भर आ सांकेतिक रूप में आवे तबे अच्छा बा. घटना शहर में घटेले त गाँवों देहात में घटेले. संवेदना गँवई आ शहरी दूनो के होले. दूनों के माहौल, जीवन शैली आ ढंग-ढर्रा अलग हो सकेला. अइसहीं दूनों के अभिव्यक्तियो अपना समय-सन्दर्भ में, अपना अपना खासियत का साथे होई. सुभाविक आ बनावटी के पहिचान समझदार पाठक क लेला.

कुछ कवि-आलोचक लोगन का एतराज बा कि भोजपुरी कवि प्रकृति, ऋतुचक्र का अनुसार बदलत मौसम के ‘कविता’ से बहरियावत काहें नइखे ? एही तरे ई लोग अपना साहित्य में खाली ‘गाँवे‘ कस्बा के नापत काहें रहि जाता ? एह लोग का जानकारी में इहे बा कि भोजपुरी में मजिगर गद्य लिखाते नइखे. खैर….. भोजपुरी गद्य भा निबन्ध- साहित्य भोजपुरी पढ़े-लिखे वालन के पता होई, एह लोगन का ओतना पता नइखे, ना ऊ लोग भोजपुरी में गद्य लिखते पढ़त बा.

हमके कबो-कबो इहे बुझाला कि ई लोग भोजपुरी में भले बोल-बतिया लेव, बाकि भोजपुरी पढ़ला आ लिखला का पजरा एकदमे ना जाला. ओही से जब-जब भोजपुरी प’ दया आवेला त ई लोग अपना अंग्रेजी-हिन्दी के पचल-अधपचल ज्ञान आ पढ़ाई का मोताबिक भोजपुरी साहित्य का मूल्यांकन में, अइसने मृदु बोल बोलेला. हम ए मजबूरी के बूझत, अपना भाषा पर, ओह लोग के एह ‘वत्सल’ ‘कृपा दृष्टि‘ से सब्बुर करे क आदत डाल लेले बानी.


(भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका “पाती” के दिसंबर १३ अंक से.)
पूरा पत्रिका डाउनलोड क के पढ़ीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up