ओरहन का पाग में यादों की गठरी

by | Jul 18, 2021 | 0 comments

(पुस्तक समीक्षा)

डॉ आशारानी लाल के लिखल उनुका दाम्पत्य जीवन के यादगारन के आत्मकथात्मक किताब यादों की गठरी पढ़े के मिलल त लाख चहला का बादो एके बेर में ना पढ़ पवनी. काहें कि ओतना वेदना एक घोंट में पी जाए ला आदमी के नीलकंठ बने के पड़ी. आ वइसन नीलकंठ होखल सहज नइखे. पुरा किताब पढ़े का दौरान कई बेर आपन रोआई रोकल मुश्किल हो गइल. किताब में जतना लिखाइल नइखे ओहसे अधिका पढ़े के गलती रोकतो रोकत हो जात रहुवे.

हिन्दी आ भोजपुरी के जानल मालन साहित्यकार डॉ आशारानी लाल के एह किताब का बारे में कुछ कहला से पहिले अपना बारे में बतावत जरुरी बा. हम ना त साहित्यकार हईं ना भाषाविद्. चिकित्सा विशेषज्ञ होखला का चलते अपना पढ़ाईओ का दौरान भाषा विज्ञान पढ़े के मौका ना मिलल. भोजपुरी से छोह का चलते अँजोरिया के प्रकाशन शुरु कइनी त बहुते लिखनिहारन से बातचीत करे के मौका मिलल, ओह लोग के लिखलका के अँजोरिया पर अँजोर करत गइनी त कुछ कुछ बुझाए लागल. आजु पहिला बेर कवनो किताब के समीक्षा लिखे के दुस्साहस कइले बानी. गलती होखहीं के बा आ एहसे पहिलहीं लेखिका समेत सभका से माफी माँग लेत बानी. जवन लिखे जात बानी ओकरा के एगो सामान्य पाठकीय प्रतिक्रिया का रुप मे लीहल जाव, समीक्षा का रुप में ना.

करीब आठ दशक के जिनिगी में छह दशक के दाम्पत्य जीवन के उरेहत डॉ आशारानी लाल एहमें कवनो बनावट नइखी बुनले. बुने के कोशिशो नइखी कइली. मन के वेदना सामने आवत गइल बा आ ओकरा के जस के तस लिपिबद्ध करत गइल बाड़ी लेखिका. पूरा पढ़त कई बेर हमरा आपन माई याद आइल त कई बेर आपन जीवन संगिनी. संगिनी त साथही बाड़ी माई चलि गइल. जतना भोगलसि भगवान जनि करसु कि कबो केहू दोसरा के भोगे के पड़े. वैधव्य आ बुढ़ापा दुनु औरत के तूड़ के राख देला. बंगला भा कोठी कतनो बड़ रहे ओकरा अपना कोठरी में अकेले जिए के पड़ेला. कोठरिओ तब जब ऊ खुश किस्मत होखो. ना त दलान भा ओसारा में कवनो अलंग फेंकल खटिया भा चउकी पर आपन अभिशप्त जिनिगी जिए के पडेला. शायद एही से कहल जाला कि सुभागी सुहागिने मर जाले. हालात विधुर बुढ़वो ला बहुत कुछ अइसने होला बाकिर ऊ मरद होखला का मजबूरी में रोइओ ना सके. चिल्लात रहेला, भलही केहू सुने भा ना.

धन संपति परिवार से भरल घर में अकेले जीयल, अपना सगरी इच्छा के मार के तोस कइल सहज ना होखे. होखिओ ना सके. बाकिर ओकरा के जिए के पड़ेला. आ एह दौरान ओकरा बेर बेर अपना सुहागिन जिनिगी के याद आवत रहेला. अपना मन के वेदना ऊ उनुके से ओरहन का रुप में मने मन सुनावत रहेले, भलहीं ऊ सुनसु भा ना. एह किताबो में हमरा ओही वेदना के अनुभन भइल आ हम त इहे कहब कि हर मरद के – चाहे ऊ बेटा होखे भा भतार – एक बेर एह किताब के जरुर पढ़े के चाहीं. पढ़ लेब त औरत के समुझल कुछ आसान हो जाई आ रउरा जिनिगी के ओह औरत के शायद अतना वेदना ना बेधी. एकरा के आपन जिम्मेदारी मानल बेमतलब ना रही, एगो औरत के जीयल सहज बना के हमनियो का आपन जिनिगी सुधार सकीलें.

यादों की गठरी किताब कल्याणी शिक्षा परिषद्, 3320-21, जटवाड़ा, दरियागंज, नयी दिल्ली – 110002 से प्रकाशित भइल बा. कड़ा जिल्द में करीब 100 पन्ना के एह किताब के दाम 250 रुपिया राखल गइल बा.

  • डॉ ओम प्रकाश सिंह

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up