भोजपुरी जन जागरण अभियान के धरना

by | Jul 8, 2023 | 0 comments

(पिछला धरना के फाइल फोटो)

संविधान के आठवीं अनुसूची में भोजपुरी के शामिल करावे खातिर बरीसन से आन्दोलन हो रहल बा, मांग कइल जा रहल बा. बाकिर भईंस का आगे बीन बजावे भईंस खड़ी पगुराय वाला हालात बनि गइल बा. जब गरज पड़ल भा मौका देखि के नरेन्द्रो मोदी ले आश्वासन दिहले रहलें कि भाजपा सत्ता में आई त भोजपुरी के संविधान का आठवीं अनुसूची में शामिल करा दी. समय निकल गइल मकसद निकल गइल त कवन भोजपुरी, कईसन आश्वासन !

एगो दाढ़ी बाबा रहलन. रहलन त बलिया के बाकिर उनुका भोजपुरी इयाद ना पड़ल आ डोगरी भासा के एह अनुसूची में शामिल करा दिहलन. अब कहे वाला कहत रहे कि एकरा पीछे एगो मेहरारु के मेहनत रहल. ओकरे कहना मानि के ऊ ई मान्यता दिअवा दिहलन भोजपुरी के.

हर साल संसद के मानसून सत्र शुरु होखे बेरा दिल्ली के जंतर-मंतर पर भोजपुरिया आपन धरना देत रहेलें. अलग बाति बा कि ओह धरना के देखे-सुने ला भा आपन समर्थन जतावेला भाजपा के कवनो बड़ नेता त दूर, छूटभइयनो के दर्शन ना होखेला. का अबकी उमीद कइल जाव कि भोजपुरी सिनेमा से नाम आ रुपिया कमा चुकल आ एहघरी सत्ता सुख भोगत भोजपुरी सिनेमा के तीन गो सुपरस्टार मनोज तिवारी, रविकिशन शुक्ला, अउर दिनेश लाल निरहुआ एह मौका पर आ के भोजपुरियन के हिम्मत बढ़इहें आ सरकारो पर दबाव बनवइहें कि भोजपुरी मान्यता के बरीसन पुरान मांग पूरा क दीहल जाव.

भोजपुरी जन जागरण अभियान, नई दिल्ली के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल सभे भोजपुरियन से हथजोरी निहोरा कइले बाड़न कि संसद के मानसून सत्र 11 अगस्त, 2023 से चले जा रहल बा आ एह मौका पर भोजपुरी जन जागरण अभियान के 19 वां धरना दिल्ली के जंतर मंतर पर अतवार, 06 अगस्त 2023 के 11 बजे दिन से दुपहरिया 3 बजे ले होखे जा रहल बा. एह शांतिपूर्ण धरना में उपस्थित होके आपन भागीदारी सुनिश्चित करीं आ भोजपुरी भासा के संविधान के आठवीं अनुसूची में दर्ज करावे खातिर तन मन धन से सहयोग दिहीं सभे. एह आन्दोलन के धार देबे ला अजोरियो का तरफ से निहोर बा कि एह आन्दोलन में तन-मन-धन से शामिल होखीं सभे. समर्थन आ सहजोग देबे ला रउरा डॉ. संतोष पटेल से मोबाइल 9868152874 पर संपर्क कर सकीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up