ममहर घूमे चहुँपल चन्द्रयान-3

by | Aug 23, 2023 | 0 comments

भारत के अन्तरिक्ष अंनुसंधान संगठन इसरो के चन्द्रयान-3 आजु 23 अगस्त 2023 का साँझ 6 बजे चन्द्रमा के दक्खिनी इलाका में सुरक्षित उतरे में सफल हो गइल. कुछ दिन पहिलहीं रुस के भेजल लूना-25 चहले रहुवे कि ऊ दुनिया के पहिलका देश बनि जाव जवन चन्द्रमा का दक्खिनी इलाका में उतरल. जान जाईं कि ई काम बहुते चुनौती भरल रहुवे आ एकरा गंभीरता के अहसास एहिसे कर सकीलें कि आजु ले कवनो देश ई काम करे के कोशिशो ना कइलसि आ रुस कोशिश कइबो कइलसि त विफल हो गइल. वइसे अब ले अमोरिका, रुस, अउर चीन के मिशन चन्द्रमा पर उतर चुकल बा आ भारत ई काम करे वाला दुनिया के चउथका देश बनि गइल बा.

आजु पूरा देश साँस रोकले चन्द्रयान-3 के सफलता देखे ला अपना अपना टीवी चैनल पर आँखि गड़वले रहुवे. ब्रिक्स सम्मेलन का चलते प्रधानमंत्री मोदी अफ्रिका में रहला का बावजूद ओह बेरा इन्टरनेट का जरिए इसरो के केन्द्र से जुड़ल रहलन. इसरो के एह सफलता पर ऊ देश के सगरी वैज्ञानिकन के आभार जतवलन आ पूरा देश के एह सफलता पर बधाई दिहलन.

चन्द्रयान-3 के सफलता के घोषणा करत इसरो प्रमुख श्रीधर पनिकर सोमनाथ पूरा देश के एकर सजीव प्रसारण का माध्यम से जानकारी देत रहलन.

इसरो के एह सफलता से दुनिया में ओकर डंका पिटा गइल बा आ अब ओकरा दुनिया भर से आपन आपन यान भेजे पठावे वालन से शानदार कमाईओ होखे जा रहल बा.

पीएम मोदी अपना संबोधन में कहलन कि“ई नयका भारत के विजय हवे, हमनी का एगो एतिहासिक क्षण के देख रहल बानी.”

चन्द्रयान-3 के सफलता खातिर देश भर में पूजा-हवन-प्रार्थना-इबादत के दौर चलल रहे आजु.

चन्द्रयान के लैण्डर जब उतरे वाला रहुवे तब के आखिरी घंटा सभकर धड़कन बढ़वले रहुवे काहें कि ओकरा आपन गलि कम करत शून्य पर ले आवे के रहल आ साथही अइसन चगहो चुने के रहुवे जहवाँ ऊ आराम से सुरक्षित उतर सको आ ऊ एकरा के बहुते सहज ढंग से निभा दिहलसि.

पिछला अभियान चन्द्रयान-2 के एही बेरा विफलता हाथे लागल रहुवे जब उतरला का बाद ऊ चन्द्रमा के उबड़-खाबड़ इलाका में पलटि गइल रहवे. बाकिर अपना ओह विफलता से इसरो के वैज्ञानिक सीख लिहलें आ चन्द्रयान-3 में ओकरे हिसाब से बदलाव कइल गइल रहुवे.

चन्द्रयान-3 पिछला 14 जुलाई का दिने अपना सफर पर निकलल रहुवे आ एगो समहर रास्ता तय करत चन्द्रमा पर चहुँपल. एहमे खास बाति ई रहल कि रास्ता समहर चुनला का बावजूद ओकर ई सफर सस्ता पड़ल. बाकी देश अपना बेंवत का हिसाब से बेहिसाब खरचि के कमे दिन में चन्द्रमा ले चहुँपल रहलें.

अब एकरा बाद लैण्डर से निकलि के प्रज्ञान नाम के घूमंतू यंत्र अब चन्द्रमा के सतह पर करीब 14 दिन ले टहली आ तरह तरह के अनुसंधान करे के काम करी. इहो जाने जोग बा कि धरती के 14 दिन चन्द्रमा के एक दिन का बराबर होला. काहे कि ओहिजा सूर्योदय से सूर्यास्त का बीच धरती के 14 दिन बीत जाला. सूरज के रोशनी से बिजली बना के प्रज्ञान 14 दिन ले चहल पाई काहें कि ओकरा बाद अन्हार हो जाई आ ऊ उर्जा पैदा ना कर पाई.

अब चलत-चलत इहो बतवले चलत बानी कि एह खबर के मथैला में काहे कहल गइल कि चन्द्रयान-3 ममहर घूमे चहुँपल. हमनी का लइकाइऐं से सुनत-गावत आइल बानी स कि ए चन्दा मामा, आरे आव, पारे आव, नदिया किनारे आव, सोना का कटोरवा में दूध-भात ले ले आव, ववुआ का मुँहवा में घुटुक.

आ आखिर में इहो दोहरावत-तिहरावत जात बानी कि भोजपुरी के ई पहलिका वेबसाइट अँजोरिया के राउर आर्थिक सहयोगो के जरुरत बा. आजुए अबहिंए आपन आर्थिक सहजोग अपना नेट बैंकिंग से anjoria@uboi के भेज के अँजोरिया का भामाशाहन का लिस्ट में शामिल हो जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up