वरदान जब संकट बनि के सामने आवे

by | Jan 10, 2024 | 0 comments

– परमानंद पाण्डेय


महाराज दशरथ के जब संतान प्राप्त नाहीं होत रहल तब ऊ बहुत दुखी भइलें, पर अइसने समय में उनके एके बात क हौंसला मिलत रहे जवन कबो उनके निराश नाहीं होखे दीहलसि अउर उ रहल, श्रवण कुमार के पिता जी क दीहल श्राप…

महाराज दशरथ जी जब-जब दुखी होत रहलें तब-तब उनके श्रवण के पिता जी क दीहल श्राप याद आ जात रहल.

श्रवण कुमार के पिता जी ई श्राप दिहले रहलें कि ”जइसे हम पुत्र वियोग में तड़प-तड़प के मरत हईँ वइसहीं महराज दशरथ तुहू अपने पुत्र के वियोग में तड़प-तड़प के मरब !”

महाराज दशरथ के पता रहल की ई श्राप अवश्य फलीभूत होई अउर एकर अर्थ ह कि हमके एह जनम में पुत्र त अवश्य प्राप्त होई. पर हमहूं पुत्र के शोके में तड़प-तडप के मरब.

“एकर मतलब ई कि श्राप महाराज दशरथ खातिर संतान प्राप्ति क सौभाग्य लेके आइल.”

अइसने एगो घटना सुग्रीवो जी के साथे भइल… रामायण में प्रसङ्ग ह कि सुग्रीव जब माई सीता जी क खोजले में वानर वीर लोगन के पृथ्वी के अलग-अलग दिशा में भेजत रहलें, त उनके भेजले के साथे-साथे उनके इहो बतावत रहलें, कि कवने दिशा में तुहके जाए क ह, अउर कवने स्थान पर कवने देश में अउर कवने जगह तुहके जाए के चाहीं भा नाहीं जाए क चाहीं.

प्रभु श्रीराम सुग्रीव क ई भौगौलिक ज्ञान देख के हतप्रभ रहलें.

ऊ सुग्रीव से पूछलें कि, सुग्रीव तुहके ई सब कइसे पता ?

त सुग्रीव उनसे कहलें कि ”हम बाली का भय से जब मारत-मारत फिरत रहलीं त पूरे पृथ्वी पर कतहीं शरण नाही मिलल… अउर एही चक्कर में हम पूरा पृथ्वी छान मरलीं अउर एही दौरान हमके सजो भूगोल क ज्ञान हो गइल.”

अब अगर सुग्रीव पर ई संकट नाहीं आइल होत त उनके भूगोल क ज्ञान नाहीं भइल होत. तब वोह समय माई जानकी जी के खोजल केतना कठिन हो जात.

एही पर केहू बहुत सुनर कहले बा कि, अनुकूलता भोजन ह, अउर प्रतिकूलता विटामिन ह, अउर चुनौती वरदान ह, अउर जे एह अनुसार व्यवहार करे उहे पुरुषार्थी ह.

ईश्वर क अउर लोगन से मिले वाला हर एक पुष्प अगर वरदान ह त हर एक काँटो वरदाने समझे क चाहीं.

मतलब कि आज मिलल सुख से आप खुश बानी त कबो अगर कवनो दुख, विपदा, अड़चन आ जाव त घबराये क नाहीं चाही.. का पता ऊ आगे कवनों सुख क तैयारी होत होखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up