मनोमस्तिष्क स्वस्थ राखे के तरीका

by | Jul 4, 2011 | 0 comments

आजु हमनी सभे जानत आ मानत बानी कि देह के निरोग रखला के कवनो विकल्प नइखे. ऊ त रखही के बा. बाकिर अतने से काम नइखे चले वाला हमनी का देखले बानी जा कि उपर से पूरा तरह से निरोग लउके वाला लोग, जे नियमित व्यायाम करत रहे, सही भोजन सही समय पर करत रहे, कइसे हार्ट अटैक से भा कैन्सर वगैरह से मर गइल. पहिले का जमाना से कहीं बहुते बेसी आजु जरूरत बा अपना दिमाग के. मनो मस्तिष्क के निरोग राखल, देह से बेसी ना त देह से कमो ना. दिन, हफ्ता, साल, भा दसियो साल से दबावल आवेग, तनाव, आ जिनिगी में मिले वाला निराशा, अपना अन्तरमन के आवाज दबवले राखे के मजबूरी, आ भावनाशून्य बनल हमनी के हमनिये से अलगा कर देत बा.

आजु बहुते जानकारी एह बाति पर मिल जाई जवना में मस्तिष्क के सरल अध्ययन भइल होखे, मनोमस्तिष्क के दर्शन विचारित कइल गइल होखे, मनोविज्ञान, मानसिक स्वास्थ्य, नवयुग के वैकल्पिक संदर्भन के चरचा भइल होखे. मनोविचार आ स्वस्थ जीवनो पर ढेर कुछ मिल जाई पढ़े खातिर. बाकिर अइसन कवनो किताब बहुत कमे मिली जवना में समुझावल गइल होखे कि कवनो खास तरीका आ टिप से रउरा मानसिक, भावनात्मक, आ शारीरिक स्तर पर का फायदा हो सकेला.

हालही में ममता सिंह के लिखल आ स्टर्लिंग प्रकाशन से प्रकाशित किताब “Mentor Your Mind, Tested Mantras For The Busy Woman” में बतावल गइल बा कि कवना तरीका के मनोमस्तिष्क के स्वास्थ्य पर का असर पड़े वाला बा. आ जवना तरीकन के बाति कइल गइल बा उहो आम पाठक खातिर बहुत सहज आ संभव बाड़ी सँ. अइसन अइसन टिप, अभ्यास, सरल योग, सहज ध्यान का बारे में बतावल गइल बा जवना से पाठिका आजु का जमाना में अपना मनोमस्तिष्क के स्वस्थ राख सकेली.एह तरीकन खातिर कवनो स्पेशलिष्ट का लगे गइला के जरुरतो नइखे पड़े वाला. “मेन्टर योर माइन्ड” में छह गो मानसिक बीमारियन का बारे में, छह गो भावनात्मक उद्वेगन का बारे में आठ गो आध्यात्मिक तरीका सिखावल गइल बा. किताब में एगारह गो प्रश्नावली बाड़ी सँ जवना से रउरा आपन मूल्यांकन कर सकीले. रेखाचित्र का सहारे तेरह गो सहज अभ्यास बतावल गइला बा. किताब में २८ गो कार्यक्रम बतावल गइल बा अपना मन के बदले खातिर आ सात गो टेबुल बनाके सबकुछ समुझावे के कोशिश कइल गइल बा.

किताब हर बड़ा शहर के प्रतिष्ठित पुस्तक विक्रेता का लगे मिल सकेला. अगर ना मिले त ममता सिंह से जानकारी लिहल जा सकेला.


Book Name: Mentor Your Mind, Tested Mantras For The Busy Woman
Publisher: Sterling Publishers
ISBN: 978-81-207-5973-2
Author: Mamta Singh

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up