बतकुच्चन ‍ – ८६

by | Nov 23, 2012 | 0 comments


बेमौसम बरसात भा हँसुआ का बिआह में खुरपी के गीत. दिवाली का मौका पर फुलझरी पटाखा का जगहा कादो पानी क खेल होखत बा, जेकरे देखीं उहे केहू ना केहू पर अछरंग लगावे में लागल बा. अछरंग लांछन के कहल जाला, केहू पर दोस लगवला के अछरंग लगावल कहल जाला. एह में रंग के मतलब त एकदम साफ बा बाकिर अछ का ह? ओछ के बिगड़ल रूप ह अछ. ओछ माने घटिया, कमतर, छोटहन आ जब अछ जान गइनी त अछरंग के मतलब अपने साफ हो जाई. हालांकि बदरंग के बदो के मतलब कुछ कुछ अइसने होला. बद माने खराब, नामे नाम कि बदनामे नाम. बदनामीओ से नाम होला एह बात के नेतवन आ अभिनेतवन से अधिका केहू ना जाने. ओह लोग के चरचा में रहे के होला आ चरचा में रहे ला जरूरी नइखे कि हमेशा बढ़िया चरचा होखो. खराबो चरचा से मैदान में बनल रहे के मौका बनल रहेला आ आजु ना त काल्हु सामने वाला के पटके के मौका मिले के गुंजाइश होला. एहसे आजकाल्हु अछरंग के आनन्द नेतवा सब जम के उठावत बाड़े. आ एहमें जान लिहल जरूरी बा कि बदरंग आ अछरग मे फरक होला. बदरंग छोड़ावल जा सकेला अछरंग ना. आ रंग के बात करीं त सतरंग आ नौरंग के चरचा उठिए जाई. हो सकेला कि रउरो गाँव जवार में कवनो ना कवनो नवरंगा बाड़ी होखो. नवरंग नयका रंग से ना नौ रंग से बनेला. जवना बगइचा में नौ रंग के पेड़ फल होखत होखे ओकरा के नौरंगा बाड़ी कहल जाला. आ सतरंगी इन्द्रधनुष होला. सात रंग से बनल सतरंगी. हालांकि एकरंगा लाल कपड़ा के कहल जाला कवनो एक रंग के ना. हालांकि एक रंग के बहुते कुछ होला, उजर, करिया, हरियर, पियर बाकि एकरंगा माने लाल. दोसर कुछ ना.

हँ त बात होत रहुवे अछरंग के. आ ओह पर आइल रहे ओछ. ओछ माने खराब होखल जरूरी नइखे. ओछ पद माने नीचे के पद. ओछ कद माने छोट कद. बाकिर जरूरी नइखे कि ओछ से ओछ ना होखे. एक से एक ओछो से ओछ आदमी भेंटात रहेलें. कहल मुश्किल होला कि केकरा के ओछ मानल जाव. आजु देस समाज के हालात कुछ कुछ अइसने हो गइल बा. एक से एक ओछ नेतवन में हाराबाजी लागल बा कि के कतना ओछ बा. सभे जतावे बतावे में लागल बा कि देखऽ फलनवाँ हमरो से ओछ निकललें आ तू हमरे के ओछ कहत रहुवऽ.

समय समय पर बड़का नेतवन के बयानो एक से एक ओछ निकल आवेला. छोटका नेता के बयान ओछ निकले के अनेसा कम होला बड़कन के बेसी. काहें कि बड़का नेतवन के बयान भा भाषण दोसर केहू लिखेला आ सामने वाला त बस ओकरा के पढ़ के सुना देला. अइसने एगो बयान पिछला दिने सुने के मिलल रहे कि पइसा फेंड़ पर ना फरे. बहुते चरचा भइल रहे ओह बयान के. लोग तंज कसे कि हँ पइसा फेंड़ पर ना फरे ऊ त स्पेक्ट्रम का तरंग पर, कोयला के खदान में, राशन का दोकान में फरत रहेला. बाकिर ठीक से देखीं त पइसा फेंड़ो पर फरेला. नवरात में फल के खरीदारी करत ई बात साफ हो गइल कि ई फल ना ह सोझ पइसा ह जवन केहू का फेंड़ पर फरल होखी. नवरात भुला गइल होखीं त छठ परब आवते बा. देख लेब. अब ई मत पूछीं कि फल के दाम खातिर परबे तेवहार के मौका काहें? त भाई जी महँगी के हाल अइसने हो गइल बा कि फल या त बेमारी में खाए के बा ना त परब तेवहार का मजबूरी में. आ जान जाईं कि पइसा फेंड़ पर फरे भा मत फरे, बुड़बक फेंड़ पर ना फरऽ सँ ऊ त कवनो ना कवनो गोल के, पार्टी के अध्यक्ष पद पर भा महासचिव पद पर बइठल मिल जाले सं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up