लाजे भवे बोले ना, सवादे भसुर छोड़स ना

by | Feb 15, 2024 | 0 comments

मथैला मजबूरी में दिहले बानी. कई बेर बुझाव ना कि भोजपुरी के ई दुर्दशा कवना चलते भइल बा. बीस बरीस से बेसी हो गइल भोजपुरी में एह पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के चलावत. आ एह दौरान के अनुभव से हम त इहे कहब कि भोजपुरी के दुर्दशा कुछ धनपशुअन का, आ बाकी उनुका धन का सहारा से चलत लठैतन के. आ जवन बाकी कुछ बाचल-खुसल रहि गइल तवना के भोजपुरी के तथाकथित सेवक लोग के कृपा से.

आजु ले ई ना सोच पवनी कि भोजपुरी के संस्था चलावे वाला लोग के काहे लाज भा असकत लागेला अपना संस्था के गतिविधियन के जानकारी भोजपुरी में देबे में. आराम से हिन्दी में लिखल विज्ञप्ति लोग पठा देबेला आ हमरा ओकरा के भोजपुरी में उल्था करे पड़ेला. कई बेर टोक चुकनी, कई बेर एही चलते महटिया दिहनी बाकिर जब ऊ लोग आपन आदत सुधारे ला तइयार नइखे त हम काहे आपन बिगाड़ीं. आ बात कवनो एगो संस्था ले के नइखीं कहत. सगरी संस्थन के इहे आदत बा. गलतिए से कभी कवनो समाचार भा विज्ञप्ति भोजपुरी में लिखल मिलेला.

मानत बानी कि ओह लोग के आपन समाचार हिन्दी भा अंगरेजी अखबारन में छपवावे के होला से ऊ लोग आपन विज्ञप्ति हिन्दी भा अंगरेजी में लिख भेजेला. बाकिर ओह लोग के सचहूं भोजपुरी से नेह छोह रहीत त ऊ लोग आपन मूल विज्ञप्ति भोजपुरी में लिखीत आ ओकरा साथे हिन्दी अंगरेजी अनुवाद नत्थी कर दीत.

शायद ओह लोग के नजर में कवनो भोजपुरी मीडिया अइबे ना करे. या त लोग अँजोरिया का बारे में जाने ना, भा देखावे-जतावे के कोशिश करेला कि ऊ लोग भोजपुरी के अतना बड़ हित-चिन्तक ह लोग कि उनुका सोझा अँजोरिया के का बिसात.

जानत बानी कि बहुते लोग के हमार ई बात जहर लेखा कचोटी. बाकिर एकरा ला हम माफी नइखीं माँगे वाला कि हमरा बात से ओह लोग के दिल दुखा गइल. असल में हमार मकसदे ई बा कि ओह लोग के बाउर लागे आ आगा से या त हमरा के भोजपुरी में विज्ञप्ति भेजे लागे भा भेजले बन्द कर देव. दुनु हालत में हमरा पर ओकर कवनो असर नइखे पड़े वाला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up