भोजपुरी सिनेमा-गीत-गवनई के फूहड़पन के दोषी के ?

by | Feb 25, 2024 | 0 comments

लोग कहल करेला आ हो सकेला कि रउरो कहत होखब कि भोजपुरी आ गीत-गवनई अतना फूहड़ होला कि ओकरा के अपना घर परिवार में देखल-सुनल ना जा सकेला.

त आजु हम एकरे पर चरचा करे वाला बानी कि भोजपुरी सिनेमा-गीत-गवनई के फूहड़पन के दोषी के ?

शुरुआत भोजपुरी के मशहूर गायक खेसारी लाल यादव के एगो नयका होली गीत से करत बानी बाकिर अंत करब एगो बढ़िया चैनल के चरचा से.

हमरा हिसाब से एकर दोषी हम आ रउरा बानी. हम एहसे कि बीच बरीस से बेसी हो गइल भोजपुरी में एह पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉट कॉम के बाकिर आजु ले हम अइसन कवनो हवा ना बहा पवनी जवना से एकर पुरहर विरोध हो सके. उलुटे अंजोरिया डॉट कॉम पर त कई बेर खुलेआम एकर समर्थनो भइल बा. आ रउरा एहसे कि कबो बतवनी ना कि भोजपुरी में बढ़िया का लिखा रहल बा, का बन रहल बा, का गवा रहल बा ? रउरा में से कुछ लोग लिखनिहारो होखी, कुछ लोग कविओ, कुछ गीतकारो, कुछ संगीतकारो, आ हो सकेला कि कुछ उहो लोग होखे जे एह तरह के सिनेमा-गीत-गवनई के निर्माता होला. दोष अगर नइखे त देखनिहारन-सुननिहारन के ! पढ़निहारन के बाते कइल फिजूल होखी काहे कि भोजपुरी पढ़े वाला के बा ? कहे खातिर कहल जाला कि दुनिया में पैंतीस करोड़ से बेसी बाड़ें भोजपुरी बोले वाला. हमहूं एह बात से सहमत बानी कि हो सकेला कि ई गिनिती ओकरो से पार चल गइल होखे अब. बाकिर भोजपुरी पढ़ेवाला कतना बाड़ें ? हमरा जानकारी में नइखे कि भोजपुरी के साहित्य आ चरचा अंजोरिया डॉट कॉम से बेसी कहीं होखे. अगर रउरा जानकारी में होखे त जरुर बताईं, हमरा ओह जानकारी के फइलावे में खुशी मिली. कवनो अइसन अखबार भा पत्रिका के नाम बताईं जवना के ग्राहक संंख्या लाख मे होखो. आ लाख से कम ग्राहक संख्या पर ना त अखबार निकल पाई ना पत्रिका. लाख से कम खातिर बस कवनो वेबसाइटे हो सकेला. काहे कि एकरा के शुरु करे भा चलावे में बेसी के खरचा ना आवे. सालाना तीसो हजार-चालीस हजार के खरचा बरदाश्त करे वाला एकरा के शुरु कर सकेलें आ हमरा तरह जिद्दी होखसु त बीस बरीस से अधिका ले निबाहियो सकेलें. बाकिर का अइसन धनदाह करे वालन का भरोसे कवनो भाषा जी सकेले ? आ अइसन धनदाह करे वाला लोग होइयो कतना सकेला. अधिका लोग त धंधा करे वालन के होला. जइसे कि भोजपुरी केहू काहे पढ़ो-लिखो जब ओकरा से ओकर खरचा-पानी ना निकल पावे.

आ एही में जवाब छिपल बा भोजपुरी के सिनेमा-गीत-गवनई में पसरल फूहड़ता के. भोजपुरी सिनेमा-गीत-गवनई बनावे वाला निर्माता आ ओकरा फाइनेन्सरन के एके गो चाहत होला – कमाई करे के. आ कमाई एह पर निर्भर करेला कि ओह सिनेमा केे देखे वाला कतना अइहें आ ओकरा के सुनेवाला कतना भेंटइहें. आ भोजपुरी के संभ्रांत आ श्लील लोग त पहिलहीं भोजपुरी के राइट-आफ कर चुकल बा. ऊ लोग कवनो भोजपुरी पत्रिका के गाहक ना बने, भोजपुरी सेिनेमा देखे ना जाव, घर-परिवार-मित्रमंडली में भोजपुरी में बोले-बतियावे ना. त ओह लोग का भरोसे कवन आ कतना बुड़बक होखिहें जे अइसनका धंधा में लागसु. ऊ त उहे करीहेंं जवना के गाहक भरपूर मिलसु.

भोजपुरी सिनेमा, भोजपुरी गीत-गवनई के देखनिहार-सुननिहार बाड़ें आम भोजपुरिहा जे आपन घर परिवार छोड़ के कमाई करे परदेस में आ गइल बाड़न. एहिजा हमरा इयाद आवत बा एगो हिन्दी कवि के कविता के पंक्ति –
सुनो भूखे इंसान को देशभक्ति सिखाने वालों,
जानो भूख इंसान को गद्दार बना देती है.

भोजपुरी सिनेमा-गीत-गवनई में अइसनके लोगन के जिक्र होला. परदेसे गइल नायक के नायिका गावेले कि –
पिया परदेस, देवर घरे लड़िका, सूतल भसुर के जगाईं कइसे ?
लागल फुफुती में आग बुताईं कइसे ?

आ ओकरा एह सवाल के जवाब उहें नू दे सकी जे जानत होखी कि फुफुती कहाला का !

ओने कमाई करे परदेसे आइल नायक के अपना नायिका के इयाद आवत रही. आ अगर जे बिआहल होखी ओकरा अपना काल्पनिक नायिका के. आ एह कल्पना के आवाज भा तोस त उहवें मिली जहवाँ प्रेम के परिणति के पुर्णता मिल सको भा ओकरा कल्पना के साकार कइल गइल होखो.

आ भोजपुरी सिनेमा-गीत-गवनई में पसरल फूहड़ता के दोषी रउरो कम नइखीं. नीमन किताब खरीदब ना, पढ़ब ना, भोजपुरी के काम करे वालन के सहजोग ना करब, नीमन सिनेमा आ गीत-गवनई के चरचा ना करब त जानी के ? भोजपुरी में एह पहिलका वेबसाइट के अबहीं ले दस गो से अधिका भामाशाह ना मिल पवलें. अरे रउरा अगर कुछ लिखले बानीं त ओकरा के अंजोर करे ला भेजीं. कहीं कवनो नीमन काम भोजपुरी में होखत देखलेे-सुनले बानी त ओकरा बारे में बताईं. रोज कम से कम एगो भोजपुरी वेबसाइट के विजिट करीं आ ओहिजा जवन कुछ नीमन देखीं त ओकर चरचा अपना ह्वाट्सअप ग्रूपन में कइल करीं. आ अगर संभव होखे आ बेंवत होखे त कवनो भोजपुरी पत्र-पत्रिका के गाहक बन जाईं. दस-बीस रुपया के सहजोग कर सकी त क दीहल करीं. बगल में लिंक हमहूं दे के रखले बानी. यपीआई त कइल एह घरी सभे जानबे करेला आ बहुते लोग इस्तेमालो कइले करेला. एक बेर दस बीस रुपिया अँजोरियो के भेज के देखीं. हजार-बजार के बात नइखीं करत काहे कि ओह बेंवत के लोग भोजपुरी पढ़े-सुने ना !

आ अतना कुछ कहला का बाद अगर हम कम से कम एगो नीमन काम के चरचा ना करीं त का फायदा. आजु खोजे चलनी कि बचवन खातिर भोजपुरी के कवनो गीत कार्टून बावे कि ना. खोजनी त मिलिए गइल. रउरो देखीं, पसन्द आवे त एकरा के सब्सक्राइब कर लीं. यूट्यूब पर सबस्क्राइब करे ला कुछ देबे के ना पड़े. बाकिर ओकर उत्साह बढ़ेला. जइसे कि अगर रउरा एह लेख के अगर अपना ह्वाट्सअप ग्रुप में कर दीं त ओकरा में राउर कुछ खरच नइखे होखे वाला. बाकिर हो सकेला कि कुछ नया लोग के एकरा बारे में पता चलो आ उहो आवसु देखे-सुने कि देखल जाव अंजोरिया पर बावे का-का ?

अगर कबो फुरसत में होखीं त घंटा-दू घंटा अंजोरिया के पन्ना पलट-पलट के देखीं. बहुते कुछ मिल जाई रउरा. राउर कुछ लागी ना बाकिर हमरा कुछ पाठक मिल जइहें आ ओहसे हमरो उत्साह बढ़ी.

त बचवन के गीत ला देखीं –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up