lata-narendraModiलता मंगेशकर आ मनोज तिवारी लाखों लोग आ नरेन्द्र मोदी का सोझा गवले ऐ मेरे वतन के लोगो

मुंबई देशप्रेम के एगो नया इतिहास रचलसि जब, पिछला २७ जनवरी २०१४ का दिने, भारत रत्न लता मंगेशकर के संगे भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी लाखो लोग आ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के मौजूदगी में देश के शहीदन के सम्मान मे मशहूर गीत ‘ऐ मेरे वतन के लोगो जरा आँख में भरलो पानी…” एह गीत का साथे एको लाख से अधिका लोग सुर में आपन सुर मिलावल आ देश ला आपन कुर्बानी देबे वालन के भावभ रल सरधांजलि दीहल.

एह मौका प मनोज तिवारी कुछ अउरिओ देशभक्ति गीत गवले जवना में से “एक शहीद की बीबी” गाना सुन के सभकर आँख भर आइल. मनोज तिवारी लता दीदी का साथे गावे के मौका एगो सपना जस बतवले. उ नरेन्द्रो मोदी के तारीफ कइले आ मोदी के जज्बो के सलाम कइले.

लोढ़ा फाउंडेशन आ शहीद गौरव समिति के बोलावल इ आयोजन “श्रेष्ठ भारत दिवस” मुंबई के महालक्ष्मी रेसकोर्स में विधायक मंगल प्रभात लोढ़ा के संयोजन में पूरा भइल. एह मौका प सौ गो से अधिका शहीदन के परिवार वाले खास क के मौजूद रहले. अउरी मौजूद रहले थलसेना प्रमुख रहल जनरल वी. पी. मलिक, परमवीर चक्र, महावीर चक्र आ अउरी शौर्य सम्मान प्राप्त जवान. एह सभके अभिनंदन नरेन्द्र मोदी कइले आ अभिननंदन कइले लता मंगेशकर के एह कालजयी गीत गावे ला. एह मौका प मौजूद रहे वालन में शामिल रहले ‘ऐ मेरे वतन के लोगो…गीत के गीतकार कवि प्रदीप के बेटी सरगम प्रदीप, फिल्म अभिनेता सनी देओल आ सुनिल शेट्टी वगैरह.

एह बेहद भावुक आ गरिमामय आयोजन में सन् १९४७ से लेके कारगिल युद्ध आ मुंबई प भइल आतंकवादी हमला के शहीदन के सरधांजलि देबे ला लोग उमड़ पड़ल रहे. मंच प खास क के बनावल इंडिया गेट के प्रतिकृति से नरेन्द्र मोदी शहीद गौरव सभा आ देश के संबोधित कइले. समारोह के शुरुआत में लता मंगेशकर, नरेंद्र मोदी ,मनोज तिवारी, आ मंगल प्रभात लोढ़ा अमर जवान ज्योति पर श्रद्धासुमन चढ़वले. जानल मानल लेखिका मंजू लोढ़ा जब लता दीदी, नरेन्द्र मोदी आ मनोज तिवारी ला आपन भावना व्यक्त करत रहली त लोग ताली बजा के आपन सहमति जतावल.

एह मौका प मनोज तिवारी का अलावे प्रीति-पिंकी, वैशाली सामंत, जावेद अली आ अउरिओ अनेके कलाकार अशोक हांडे के संयोजन में देशभक्ति पर सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश कइल. एह मौका प एक लाख से अधिका लोग के मौजूदगी देखा दिहलसि कि देश का दिल में अपना शहीदन ला सम्मान के ज्वार अबहियो उमड़त बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: