उल्था आ उलटबाँसि (बतकुच्चन – 206)

by | Jun 30, 2023 | 0 comments


आजु ढेर दिना बाद बतकुच्चन लिखे बइठल बानी. करीब पाँच बरिस पहिले हर हफ्ता एगो बतकुच्चन लिखल मजबूरी जइसन रहत रहे. काहें कि कलकत्ता (आजु के कोलकाता) से छपे वाली प्रतिष्ठित हिन्दी समाचार पत्र सन्मार्ग में हर अतवार के निकलल करे हमार स्तम्भ. फेरु कुछ अइसन हालात बनि गइल कि अखबार में छपे के क्रम तूड़े के पड़ि गइल. तब से बतकुच्चन करे के आदत भलहीं ना गइल बाकिर बतकुच्चन लिखलका जरुरे छूटि गइल. ढेर दिन बाद एक बेर भोजपुरी पत्रिका पाती के सम्पादक अशोक द्विवेदी जी के आदेश पर एगो कड़ी लिख के भेजी बाकिर कड़ी जुड़ ना सकल.

अब फेरु एक बेर कोशिश करत बानी कि बतकुच्चन लिखे के क्रम शुरु हो जाव. आ बतकुच्चन करे के एहला पड़ि गइल कि उल्था आ अनुवाद के चरचा उठ गइल एक दिन. कई गो शब्दन के मतलब कई बेर कईगो निकलल करेला जइसे कि हरि हरि के देखलसि त हरि में कूद गइल. अब हर हरि के मतलब अलग बा एहमें. आ –
चरण धरत चिंता करत चितवत चारहु ओर
सुबरन को खोजत फिरत कवि कामी और चोर.

त उल्था के मतलब अनुवादो होला आ कवनो बाति भा चीझु के उलटावलो. अब उलटावे आ अनुवाद में साम्य खोजल मुश्किल ना होखे के चाहीं. काहें कि अनुवाद एक भाषा से दोसरा भाषा में कइल जाला आ एह काम के उलटावलो माने में कवनो दिक्कत ना होखे के चाहीं. बाकिर कवनो शब्द के प्रयोग करे से पहिले एकरो पर धेयान दीहल जरुरी होखे के चाहीं कि ओह शब्द के पढ़े आ सुने वाला लोगन में से अधिका लोग कवन मतलब निकाली. अब रउरा उलटबाँसि करे चलीं आ सुने वाला उलुटा बाँस करे पड़ि जाव त अपना हालात के अन्दाजा कर सकीलें. आजुकाल्हु उलटबाँसि करे वाला, भा कहीं कि स्टैंडिगं कॉमेडियनन का संगे इहे हो रहल बा. ऊ त हँसी-मजाक करे खातिर गंभीरो मसला के हलुक बना के परोसेलें बाकिर कुछ सुनेवाला ओकरा से अतना नाराज हो जालें कि ओकरा के चहेट मारेलें उलुटा बाँसि करे ला. अब ई मत कहीं कि उलुटा बाँसि करे के मतलब का होला !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up