चिहुँकला आ चउँकला के फरक

by | Nov 27, 2023 | 0 comments

भउजी हो !

का बबुआ ? आजु के सवाल का बा ? चार राज्य के चुनाव त हो गइल बाकिर तेलंगाना अबहीं बाकी बा. से चुनाव से जुड़ल सवाल त नाहियो होखी.

ठीके कहऽतारू भउजी, ओह बारे में सवाल 3 दिसंबर का बादे उठावे के जरुरत पड़ी. आजु त जानल चाहत बानी कि चिहुँकला आ चउँकला में फरक का होला ?

दुनु में अप्रत्याशित हलचल होला. चिहुँकला में देह हिल उठेला, आ चउँकला में दिमाग. जइसे कि मान लीं कि रउरा बइठल बानी आ पीछे से केहू आ के चिउँटी काट लेव भा तेज आवाज निकाल देव त राउर देह चिहुँक जाई. बाकिर अगर कवनो अइसन बाति हो जाव, सुना जाव, पूछ लीहल जाव जवना के रउरा उमेद ना करत रहीं, त राउर दिमाग चउँक जाई. तनी अउर गहनता से देखल जाव त चिहुँकला में देह आ दिमाग दूनू में हलचल आ जाला जबकि चउँके में देह स्थिर रहि जाला. आ ओही हाल के कहल जाला भकुआइल भा ठकुआइल. राउर नींद बढ़िया से खुलल ना होखे आ अचके में रउरा से कहू कुछ पूछ देव त भा कवनो घटना हो जाव त कुछ देरि ला रउरा समुझे में ना आई आ रउरा भकुआइल लागब. बाकिर जाग्रत अवस्था में कवनो अइसन घटना हो जाव भा कुछ बात पूछ लिहल जाव तवना के रउरा तनिको अनेसा भा उमेद ना रहुवे त कुछ देर ला रउआ के ठकुआ मार दी आ रउरा ठकुआ जाएब.

वाह, वाह भउजी. तोहरा से अइसने जबाब के उमेद रहुवे जवना चलते ना त हम भकुअइनी, आ ठकुअइनी, ना चिहुँकनी, ना चउँकनी.

वाह रे हमार लहुरा देवर जी. राउरो जबाब ओतने शानदार बा. चलीं अब हमार बनावल चाय पिहीं आ बोलीं कि शानदार !

आ तुहूं इयाद रखीहऽ कि 3 दिसंबर के दिने भोजपुरी माटी के लाल आ देश के पहिलका राष्ट्रपति डॉ राजेन्द्र प्रसाद के जयन्तिओ रही.

ए बबुआ, अपना नइहर जिला के हम भुला कइसे सकीलें !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up