“जय भोजपुरी – जय भोजपुरिया” परिवार के सलाना महोत्सव

by | Nov 4, 2023 | 0 comments

“जय भोजपुरी – जय भोजपुरिया” परिवार के सलाना भोजपुरी साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव 22 नवंबर 2023, दिन बुधवार के भोजपुरी के धाम अमही मिश्र, भोरे, गोपालगंज में होखे जा रहल बा.

महोत्सव दू सत्र में चलेवाला बा. पहिलका सत्र में सरस्वती पूजन, अंजन जी’ के तैलचित्र पर माल्यार्पण, मंगलाचरण, अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी के संबोधन का बाद संयोजक ज्वाला सिंह जी सम्बोधन दीहें आ ओकरा बाद उपस्थित गणमान्य अतिथि लोग के सम्मानित कइला का बाद एगो परिचर्चा होखी जवना के विषय रही – “भोजपुरी के आठवीं अनुसूचि में शामिल करवावे ला भोजपुरिया केतना तइयार बाड़ें?” वक्ता रहीहें सर्वेश कुमार तिवारी आ जलज कुमार मिश्र.

उपरी बेरा “सिरिजन” पत्रिका के 22वाँ अंक के विमोचन कइला का बाद कवि सम्मेलन शुरू होखी. एही बीच “अंजन सम्मान” से मनोज भावुक, आ कृष्ण कुमार श्रीवास्तव, अउर सुजीत कुमार सिंह जी के “श्रेष्ठ” रचनाकार सम्मान से सम्मानित कइल जाई.

कवि सम्मेलन के संचालक रहीहें डॉ. अनिल चौबे आ अध्यक्षता करीहें मदन मोहन पाण्डेय.

दूसरका सत्र के उद्घाटन अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी आ उपस्थित गणमान्य लोग का हाथे होई. आगंतुक अतिथि लोग के सम्मानित कइला का बाद लोकगायिका सुश्री माधुरी राय के स्मृति शेष तीस्ता के पिता उदयनारायण सिंह जी का हाथे “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के गायक विनोद कुमार हर्षित आ संगीतकार राजन द्विवेदी जी के सम्मानित कइल जाई.

एकरा बाद गीत गवनई के लमहर दौर चली.

( सुभाष पाण्डेय के ह्वाट्सअप सूचना का आधार पर)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up