भोजपुरी भाषा के सरकारी उपेक्षा आ अन्याय का खिलाफ भोजपुरियन के आवाज

by | May 7, 2022 | 0 comments

हिन्दी भाषा परिवार में बड़की बहिन होखला का बावजूद भोजपुरी भाषा के जवन सरकारी उपेक्षा हो रहल बा ओह अन्याय का खिलाफ रहि रहि के भोजपुरियन के शिकायत भरल आवाज हमेशा उठत रहेला.

काल्हु शुक का दिने दिल्ली के एयरपोर्ट अथारिटी अधिकारी संस्थान के सभागार में आयोजित एगो सम्मान समारोह में फेरु भोजपुरियन के एह वेदना के स्पर दिहलन विश्व भोजपुरी सम्मेलन संस्था के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे.

मौका रहल भोजपुरी पत्रिका पाती के सउवाँ अंक के प्रकाशन के उपलब्धि आ भोजपुरी सेवा खातिर पाती पत्रिका के प्रकाशक आ संपादक डॉ अशोक द्विवेदी के सम्मान के. उनुकर अभिनन्दन करत विश्व भोजपुरी सम्मेलन के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री अरुणेश नीरन कहलन कि पाती के सउवाँ अंक के प्रकाशित भइल एगो प्रेरणादायक उपलब्धि बा. पाती के दू दर्जन से अधिका विशेषांक दस्तावेज का तरह सरिहा के राखे जोग बाड़ी सँ.

पाती पत्रिका के प्रकाशक आ संपादक डॉ अशोक द्विवेदी अपना सम्मान के आभार जतावत कहलन कि पाती पत्रिका का जरिए भोजपुरी समाज, संस्कृति, साहित्य के जन जन ले चहुँपावे के भरसक कोशिश करत आइल बाड़न आ आगहूँ आपन ई कोशिश जारी रखीहन.

सम्मान समारोह के समापन भोजपुरी गायक गजाधर ठाकुर भोजपुरी में लिखाइल आ आजादी का लड़ाई का समय से एक तरह से राष्ट्रगान जइसन सम्मान पवले बटोहिया गीत गा के कइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up