अमेरिका में भोजपुरी के अलख जगावे वाली स्वस्ति पाण्डेय

by | Apr 17, 2024 | 0 comments

भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया (https://anjoria.com) के हमेशा कोशिश रहेला कि रउरा सोझा भोजपुरी के अंजोर पक्ष परोसत रही. कुछ नाबदान के कीड़ा भोजपुरी के बदनाम करे में लागल रहेलें आ कहेलें कि भोजपुरी गीत-गवनई में अश्लीलता बहुते बेसी बा. असल में ओह लोग के उहे मिलेल‌ा जवना के ऊ लोग खोजत रहेला. हम त हमेशा से भोजपुरी गीत-गवनई के प्रशंसा करत रहेनी काहे कि हमरा विचार से आजु ले दुनिया में भोजपुरी के जियवले राखे में एकरा गीत-गवनई के योगदान सबले बेसी आ रेघरियावे जोग बा. एकर मतलब ई ना कि भोजपुरी साहित्य के बाकी विधा के अनदेखी करत बानी. भोजपुरी में जतना साहित्य बा आ जतना नियमित रुप से रोजे रचा रहल बा ऊ अथाह बा. दुर्भाग्य बा त बस इहे कि चूंकि हिन्दी वालन का साजिश का चलते भोजपुरी के भारत में ऊ जगहा ना मिल पावल जवना के ऊ जमाना से हकदार रहल बिया. एह चलते भोजपुरी रोजी रोजगार के भाषा ना बन सकल. एक त भोजपुरी पढ़े में आवे वाल दिक्कत का चलते आ दोसरे आर्थिक कठिनाइयन का चलते अइसन कवनो प्रकाशन ना बन सकल जवन देशव्यापी होखे आ जवना के पाठक लाख-करोड़ में होखसु. भोजपुरी के आजीविका के भाषा बनावे के कोशिश में भोजपुरी सिनेमा आ गीत-गवनई बहुते बड़ काम कइलसि. बहुते लोग एह दुनू माध्यमन से आपन आजीविका चलावत बाड़न. भोजपुरी सिनेमा के लोकप्रियता आ एकर बाजार देख देश के हर इलाका के निर्माता-निर्देशक भोजपुरी फिलिम बनावे में आगे अइलन बाकिर भाषाई एकरुपता आ ठेठ भोजपुरी के कमी का चलते ऊ लोग बहुत आगे ना बढ़ सकल. दोसरा भाषा के निर्मातन के लोग बेवकूफ बना के आपन माल त काट लिहलसि बाकिर भोजपुरी के विकास का राह में काँट छीट दीहल.

21 बरीस से ई भोजपुरी वेबसाइट चलावत बानी बाकिर मुश्किल से दसो गो पाठक नइखन जवन एहिजा रोजाना आवत होखसु. भोजपुरी लिखनिहार प्रकाशन खातिर भेज ना पावसु काहे कि ओह लोग का लगे जरूरी तकनीकि प्रवीणता नइखे. आ पढ़निहार आवेलें त जरूर, अबहीं ले नाहियो त करीब पचीस लाख लोग अंजोरिया पर आ चुकल बा, बाकिर पता ना काहे टिक ना पावसु. आदत नइखे कि आपन शिकवा-शिकायत भा प्रशंसा एकरा पन्ना पर अपना टिप्पणी में दीहल करसु. एह चलते हमरा पते ना चले कि रउरा का पसन्द आवत बा आ का नापसन्द. मजबूरन हम उहे परोसत रहिलें जवन हमरा समुझ में आवेला.

अब अतना भूमिका का बादो अगर रउरा एह पन्ना पर बनल बानी त ओकरा पाछे स्वस्ति पाण्डेय के गवनई सुने के मन होखी. बिहार के आरा जिला के आवेवाली स्वस्ति पाण्डेय अमेरिका के कैलिफोर्निया में भोजपुरी गीत-गवनई, संस्कृति आ संस्कारन के पसार करे में लागल रहेली.

संगीत के समर्पित साधिका आ गुरू होखलस का के साथ ही स्वस्ति पाण्डेय दर्शन शास्त्र में स्वर्ण पदक से सम्मानित हई. आध्यात्म आ आत्ममंथन इनका जीवन शैली में शामिल बा. भोजपुरी, संस्कृत अउर हिंदी के गूढ़ पकड़ आ अपना माटी के मोह इनका के नैसर्गिक रूप में मिलल बा.

स्वस्ति पाण्डेय के गवनई में से कुछ चुनिन्दा बिआह गीतन में से छह गो एह संग्रह में शामिल बा. माड़ो, द्वार पूजा, मटकोड़, कन्यादान, माड़ो खोलाई आ बिदाई का बेरा गावे जाला भोजपुरी गीतन के आनन्द लीं सभे. नीक लागे त एह पोस्ट के अपना फेसबुक, ट्वीटर, इंस्टाग्राम, ह्वाट्सएप पर अपना मित्र मण्डली में शेयर कर के भोजपुरी खातिर आपनो कुछ कर्तव्य निबाहीं. आर्थिक सहजोग दे सकीं त ऊ बहुते बड़ बात होखी बाकिर अतना सहज सहजोग त करिए सकिलें रउरा –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up