नकभेसर कागा ले भागा

by | Mar 9, 2024 | 0 comments

– बिनोद सिंह गहरवार

फगुआ एगो अजबे किसीम के तेवहार ह. जसहीं घाम में गर्मी आवेला कि सभे के चेहरा प ललाइ छा जाला. सूखलो काठ में पचकी फूटे लागेला. आम के मोजर से रस चुए लागेला. मौसम के बदलाव के सबसे बड़ असर नायिका प पड़ेला. उनकर लाल – लाल ओठ से ललाइ बरसे लागेला. बेचारी बेहाल हो के….”लाली – लाली ओठवा से बरसे ला ललइया हो कि रस चुएला , जइसे अमवा के मोजरा से रस चुएला …”गीत गावे लागेली.

इ फागुन बड़ा खुरफाती महिना ह. बेचारे बुढ़ऊ भर जाड़ा कउरा त दबकल रहन त केहु झूठहुं खोज खबर ना लेलस. बाकि फागुन आवते उनका के देख के गाँव भ के मेहरारु , ” भर फागुन बुढ़उ देवर लगिहें .. भर फागुन …. गा – गा उनकर राह चलल दुलम क देवेली.

गजबे ह फागुन आ गजबे ह एकर तासीर ! अब हइ देखीं भोरे-भोरे उठतानी त घरघुमन भउजी घरघुमन भइया के गरियावतारी, “संइया आभागा ना जागा , नकभेसर कागा ले भागा”….

एने लिलू भउजी के लिलू भइया से दोसरे सिकाइत बा. उनकर टिकुली भूला गइल बा. उनका से कह रहल बारी , ” टिकुली भूलइले हमार , आरे लाला टिकुली भूलइले हमार”. बसावन भउजी के अपना ननद से एगो अलगे ओरहन बा. उनकर ननद उनकर कँगन हेरा देले बारी. अब उ आपना ननद के अलगे ओद – बाद कइले बारी….. “ननदो बोलऽ ना, कहँवा हेरवलू कँगानवा, अँगना हेरवलू ओसरवा हेरवलू , किया हेरवलू दुआरवा…. ननदो बोलऽ ना”.

हम का करीं. छोट – मोट लेखक ठहरनी. अइसे त चिंतन करी ला. बाकिर इ सब खेल देख के चिंता में पड़ जाइला. फगुआ में, ” बाबू कुँवर सिंह तेगवा बहादुर, बँगला में उड़ेला अबीर”, ” बाबा हरिहर नाथ, सोनपुर में होली खेले”, चाहे ,”सदा आनंद रहे एही द्वारे , मोहन खेले होरी हो”, गीत से गली- गली हड़होर मचे त कवनो नया बात नइखे. बाकिर होली के गीत में कबो टिकुली, कबो नथुनी, कबो कँगन हेराला त इ चिंता के बिसय बा. आउर त आउर ले दे के सब कसर कागा पूरा क देवे ला. बताईं ओकरा औरतन से कतना डाह बा कि नकभेसर लेके भाग जाला.

हइ इश्वरी माया देंखी फगुआ के गीत में पुरुष के अँगुठी , घड़ी भाय चैन कबो ना हेराला. उ लोग एह आफत से एकदम सुरक्षित बारन. ओह लोगन के ना कवनो चीज भूलाला आ ना गीतकार लोग के कलम चलावे के मौका मिलेला. इ फगुआ एकदम पछपाती ह. होली गीतन के बहाने खाली पुरुसन के दोसरा के चीज हेरइला प एँड़ी अलगा – अलगा के गीत गावे के आ उसकी – बिसुकी चलावे के मवका देवे ला. एही से होली से अबुता के औरत लोग गावेला, ” फागुन मोरा लेखा बयरी ऐ ननदो, फागुन मोरा लेखा बयरी……

कबो – कबो हमरा बुझाला कि एह बिसय प गहन चिंतन करे के चाहीं. भोजपुरी के बिद्वानन के बोला के बिचार- बिमरस करवावे के चाहीं. भाई ई पक्षपात कब ले चली कि खाली मेहरारुए के चीज हेराई आ मरद के ना हेराई? भोजपुरी विभाग के बिभागाध्यक्ष जयकांत सिंह जय (लंगट सिंह कालेज मुजफ्फरपुर) , दिवाकर पाण्डेय भोजपुरी बिभागाध्यक्ष( बीर कुँअर सिंह विश्वविधालय, आरा) गुरुचरण सिंह (प्राचार्य जैन कवलेज , बिकरमगंज) एह सभ लोगन के एह बिसय प निमन से शोध करे के चाहीं. फागुन में इ कुल्ह खेला औरते के साथे काहे होला? पुरुष के साथे काहे ना होला?

चलीं कारन कुछुओ होखे,लड़िकवा के बहाने लड़कोरिया जियेले. एही बहाने भोजपुरी में हमनी के नीमन- नीमन होली गीत त सुने के मिलेला.

जय फगुआ. जय फगुआ के गीत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up