दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट होखला का नाते अंजोरिया डॉटकॉम के हमेशा कोशिस रहेला कि रउरा सभे ला कुछ ना कुछ नया ले आवत रहीं, जवन राउर मनरंजन त करबे करे, आ साथही साथे कुछ नया जानकारिओ दे जाव.
भोजपुरी गायकी में अनेके विधा शामिल बाड़ी सँ आ सगरी के चरचा एक जगहा कइले ना जा सके काहें कि तब ऊ विश्वकोष जइसन वृहदाकार हो जाई. फगुआ, चइता, चइती, कजरी, धोबी गीत, बिआह गीत, सोहर गीत, डोमकच गीत वगैरहे जइसन एगो विधा होले झूमर.
झूमर झूम से बनल बा. आ झूम एक तरह के खेती होला जवना के रोपनी से समुझल जा सकेला. रोपनी-बोआनी का बेरा खेत में काम करत महिला आपन थकान मेटावे, काम में आनन्द ले आवे खातिर गीत गबनई करे लागेलीं. आ एकरे के झूमर कहल जाला.
आजु यूट्यूब पर घूमत चहुँप गइनी एगो नया गायिका, कम से कम हमरा खातिर काहे कि आजु ले इनकर गवनई सुनले ना रहीं., के चैनल पर. गीत अइसन पसन्द आ गइल कि सोचनी कि केजरीकथा से राहत का तरह होखी एकरा के सुनल.
त माधुरी राय के गावल ई चटनी समोसा गीत के लिखनिहार हउवन जेपी राहुल. संगीत से सजवले बाड़न सोनू बाबू. माधुरी राय के गवनई सुने के मन होखे त यू ट्यूब पर उनुका चैनल Madhuri Ray Official पर सुन सकिलें.
आजु एहिजा इहो बता दीहल जरुरी लागत बा कि कवना आधार पर हम अंजोरिया पर अंजोर करे जोग गवनई के चुनाव करिलें. गाना सुने में बढ़िया होखे, उच्चारण शुद्ध होखे, संगीत गायक गायिका के उभारे ना कि अपना शोर में उनुका केेेेेेे सुनल मुश्किल कर देव, आ सबले बढ़ के होला कि गीत अइसन होखे जवना के हम अपना परिवार का साथे देख-सुन सकीं.
सासु जी खातिर छोला लीहऽ
ननदो खातिर ढोसा.
ए पिया हमरा खातिर ले ले अइहऽ चटनी समोसा.
ओहिजे पहिले चीख लीहऽ
तीत होखे चोखा.
ए पिया हमरा खातिर ले ले अइहऽ चटनी समोसा.
गोतनी के लवंगलता लीहऽ
भसुर जी के ना पाता दीहऽ.
कैश ले के जइहऽ
ना त दे दी फोनपे धोखा.
ए पिया हमरा खातिर ले ले अइहऽ चटनी समोसा
मन फीका भइल बा सजनवा हो
पत रखीहऽ तुहीं धेयनवा हो.
जइहऽ ना भूल ‘जेपी राहुल’
रहब तोहरे भरोसा.
ए पिया हमरा खातिर ले ले अइहऽ चटनी समोसा.