क्षेत्रीय सांस्कृतिक केन्द्र वाराणसी आ भोजपुरी अध्ययन केन्द्र बीएचयू के साझा आयोजन “भोजपुरी लोक उत्सव २०१२” में ३० अक्टूबर के दुनिया में बोलियन आ लोकभाषन के होत अनादर आ हत्या पर चिंता जतावल गइल. नाट्य शास्त्र विशेषज्ञ प्रो॰ कमलेश दत्त त्रिपाठी भाषा आ बोलियन के एही संकट का ओर इशारापूरा पढ़ीं…

Advertisements

दि हिन्दू अखबार में आपन राय लिखत स्वपन दासगुप्ता लिखले बाड़न कि कांग्रेस आलाकमान से आपन संबंध भँजावत राबर्ट वाड्रा जवना तरह से कानून आ तरीका के फायदा उठावत आपन साम्राज्य खड़ा कइलन ऊ चिंता के बात बा. कांग्रेसियन के डर बा कि कहीं एहसे भाजपा आ खास कर केपूरा पढ़ीं…

– डा॰अशोक द्विवेदी कविता का बारे में साहित्य शास्त्र के आचार्य लोगन के कहनाम बा कि कविता शब्द-अर्थ के आपुसी तनाव, संगति आ सुघराई से भरल अभिव्यक्ति ह. कवि अपना संवेदना आ अनुभव के अपना कल्पना शक्ति से भाषा का जरिए कविता के रूप देला. कवनो भाषा आ ओकरा काव्य-रूपनपूरा पढ़ीं…

आ बिना हेजिटेशन आई कैन सिंसियरली से कि इस टाइप के प्रयास वेयर नीडेड फ्राम लांग लांग टाइम. अनफार्चुनेटली दि भोजपुरिया पीपुल अंडरस्टैंडे नहीं करते कि डेवलपमेंट आफ भोजपुरी उनके बियांड अप्रोच है. भोजपुरी का डेवलपमेंट चाहिएं त उसपर डिस्कशन मस्ट बी हेल्ड हिंदी आर अंग्रेजी में जेहसे कि मेनीपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी फिलिमन ला किरण यादव के सगुनिया मानल जाला. जवने फिलिम में ई महतारी बनेली ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट हो जाले. ‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘साजन चले ससुराल’, ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘मुन्ना बजरंगी’ आ ‘औलाद’ एकर प्रमाण बा. 35 से अधिकका फिलिमन में काम कर चुकल किरण यादव ‘दरोगा बाबूपूरा पढ़ीं…

हालही में फिलिम “लखैरा” के निगेटिव कटिग मुंबई के फिल्म लैब में एडीटर उमाशंसकर गुप्ता के सुपरविजन में फिल्म प्रचारक समरजीत का हाथे करावल गइल. एह मौका पर सुबोध गाँधी, सूरज सिंह, कमलेश महेश्वर, बेबी रिया सिंह वगैरह लोग मौजूद रहल.

बिहार के भागलपुर, नौगछिया में पूरा भोजपुरिया परिवेश बनावत कोसी गंगा फिल्म्स क बैनर तले बनत फिलिम ‘यादव जी’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. निर्माता प्रशांत राज, सह निर्माता नरेन्द्र गुलशन, निर्देशक संजय एस॰ श्रीवास्तव हउवें. एह फिलिम में जुर्म के खिलाफ क्रांन्तिकारी आवाज उठावे वाला एगो नौजवाव यादवजीपूरा पढ़ीं…

‘सांवरिया आई लव यू’ जइसन सुपर हिट फिल्म बना चुकल निर्माता शंभू पांडे पिछला दिने वसीम खान क साथे मिलके अपना दू गो नईकी फिलिमन के ग्रांड मुहूर्त अलका याज्ञनिक के स्टूडियो में कइलन. एह मौका पर नारियल फोड़लें वरिष्ठ पत्रकार नरेन्द्र उपाध्याय. दुनु फिलिम ‘हथियार’ आ ‘दहशत’ के निर्माणपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी में अनेके सुपर हिट एल्बम दे चुकल निर्माता निदर्शक राकेश कुमार के फिल्म ‘प्यार कवनो खेल ना ह’ के शूटिंग जोर शोर से बिहार के छपरा, सीवान, गोपालगंज में चलत बा. एह फिलिम में पहिला बेर खेसारी लाल यादव, लोड़ो मधेसिया आ नेहा श्री एक संगे नजर अइहें. एहपूरा पढ़ीं…

पिछला दिने मुंबई में सुदीप पान्डेय अभिनीत फिलिम “जय हो जगदम्बा माई” के संगीत जारी कइल गइल. एह मौका पर दिव्या द्विवेदी, राखी सावंत, डॉली बिन्द्रा, डा॰ रंजू सिन्हा, निर्देशक राज वर्म्, राकेश सावंत, सुदेश बेरी, किशन खदरिया वगैरह खासमखास लोग मौजुद रहल. फिलिम का बारे में बतावत सुदीप पाण्डेयपूरा पढ़ीं…

बिहार आ मुंबई में सफल रहल फिल्म ‘कालिया’ में अपना दमदार खल भूमिका से एक बेर फेरू चरचा में आइल बालेश्वर सिंह अब आर एम फिल्म्स के बैनर में बनत फिल्म ‘एक लैला तीन छैला’ में बतौर खलनायक नज़र अइहें. एकर निर्माता मुकेश सोनी, निर्देशक शाद कुमार आ सह निर्देशकपूरा पढ़ीं…