लाजे भवे बोलसु ना आ सवादे भसुर छोड़सु ना

by | Jul 8, 2023 | 0 comments

भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट होखला का नाते ई हमार जिम्मेदारी होखे के चाहीं कि हम भोजपुरी के विकास आ बढ़न्ती ला हर संभव सहजोग करीं. एही उद्देश्य से आजु से एगो नया पन्ना खोले जा रहल बानीं अंजोरिया पर. एह पन्ना के नाम ह नया किताब.

नया किताब के एह पन्ना पर भोजपुरी के नया किताबन के प्रचार कइल जाई आ रउरा सभे से उमेद बा कि हर महीना कवनो ना कवनो एगो भोजपुरी किताब जरुर खरीदल करीं, अगर कवनो महीना नया किताब के लिंक ना मिलो त ओह महीना कवनो भोजपुरी पत्रिका के गाहक बनि जाईं. अगर ई दुनू के नया लिंक ना मिले त ओह महीना कवनो ना कवनो भोजपुरी संस्था से जुड़े के काम कर लीं. आ एकरा बादो कुछ रुपिया बाचल होखे त अंजोरिया के दे दीं. लिंक बगल के कॉलम में मौजूद बा.

रउरो सोचत होखब कि महँगी के एह जमाना में ई दान-पुण्य करे खातिर बाचते का बा. त हमार एगो सलाह बा कि बाजार से एगो गुल्लक खरीद ले आईं. आ ओह गुल्लक में रोज कुछ ना कुछ सिक्का डाल दीहल करीं, सिक्का त एह घरी मिलते कतना बा त कवनो छोट नोटे डाल दीहल करीं. अब एही राशि से रउरा भोजपुरी के बढ़न्ती आ पसार खातिर भामाशाह बनि जाएब.

एह घरी राउर अँजोरियो के सहजोग के जरुरत आ पड़ल बा. निहोरा पढ़ि-सुनि के तीन गो भामाशाह अइलें त बाकिर ओकरा बाद फेरु सूखा पड़ गइल बा. एहि दिसाईं हम लिखले रहीं कि –

अगर अब ले नइखीं पढ़ले त आजु पढ़ लीं. रउरा देखब कि ई एक कप चाय भोजपुरी खातिर सजीवनी बूटी बनि जाई. अगर अपना गुल्लक में रोज एक कप चाय के दाम – दस रुपिया (मॉल भा एयरपोर्ट भा बढ़िया रेस्टोरेंट वाला दाम ना ) मात्र डालल करीं त गुल्लक के एही राशि से भोजपुरी के कवनो किताब खरीदे, कवनो भोजपुरी पत्रिका के गाहक बने, कवनो भोजपुरी संस्था भा आन्दोलन के सदस्य बने, भा अंजोरिया जइसन कवनो वेबसाइट के सहजोग करे ला रुपिया बिटोरा जाई. हर काम में पईसा लागेला आ जवन काम एक आदमी ला बोझा बा ओकरा के समाज के अउरिओ लोग बाँट लेव त ऊ हलुक हो जाई आ बाँटे वालन के कवनो बोझ ना पड़ी.

हमार आपन अनुभव बा कि एह बोझा से हर भोजपुरी संस्था, प्रकाशक, लेखक हमेशा दु-चार होखल करेलें बाकिर लोग बोल ना पावे काहें कि ओह लोग के लागेला कि अन्हरा का आगे रोना, आपन दीदा खोना. पढ़ले-सुनले बा लोग बाकिर माने खातिर मन तइयार ना हो पावे कि –

रहिमन वो नर मर चुके जो कहूँ मांगन जाय
उनसे पहिले वो मुवे जिन मुख निकसत नाहि.

इहे बाति अगर आम आदमी वाला भोजपुरी में कहीं त – लाजे भवे बोलसु ना आ सवादे भसुर छोड़सु ना – के कहाउत हो जाईं. ई कहाउत बहुते लोगन के बेजाँय लागी बाकिर ई गजल ( हरिण के दारुण क्रंदन ) सुनावलो ओतने जरुरी बा. रउरा भोजपुरी के आनन्द लेब बाकिर ओकरा ला आपन टेंट हलुक ना करब त दोसर कवन कहाउत कहल जाव.

बीस बरीस से अँजोरिया के प्रकाशन करत आइल बानीं. जब ले जाङर रही तब ले करते रहब बाकिर अब ई आर्थिक बोझा सहे जोग नइखे. रहि गइल हमरा ला. हम त बोलिओ लेत बानी, बाकिर अउर प्रकाशक आ संस्था अपना लाजे कहि नइखन पावत.

अब ई लेख पढ़ चुकनीं त चलीं नया किताब वाला पन्ना पर –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up