मोरे करेजवा में पीर

by | Feb 15, 2011 | 0 comments


मोरे करेजवा में पीर
हाय राम
मोरे करेजवा में पीर
हाय राम कइसे भइल
कइसे भइल
लागल नयनवा के तीर
हाय राम
लागल नयनवा के तीर
हाय राम
अइसे भइल
रामा अइसे भइल
मोरे करेजवा में पीर

जबसे सुनवले पिया मीठी मुरलिया
जबसे सुनवले पिया
जबसे सुनवले पिया
जबसे सुनवले पिया मीठी मुरलिया
रहे लागल
रहे लागल जियरा अधीर
हाय राम कइसे भइल
रामा कइसे भइल
लागल नयनवा के तीर
हाय राम लागल नयनवा के तीर
हाय राम कइसे भइल
रामा अइसे भइल
मोरे करेजवा में पीर

मनवा त मिल गइले पिया जी के मन से
मनवा त मिल गइले
मनवा त मिल गइल
मनवा त मिल गइले पिया जी के मन से
रहि गइल
रहि गइल तडपत शरीर
हाय राम कइसे भइल
रामा कइसे भइल
मोरे करेजवा में पीर
हाय राम मोरे करेजवा में पीर
हाय राम कइसे भइल
रामा कइसे भइल

हम त मिटि जाइब
पिरितिया मिटी ना
हम त मिटि जाइब
हम त मिटि जाइब
हम त मिटि जाइब
पिरितिया मिटी ना
पत्थल परे
पत्थल पर जइसे लकीर
हाय राम कइसे भइल


अँजोरिया पर पहिले से मौजूद दोसर गीत

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up