-डा.अशोक द्विवेदी लोकमन आ लोकरंग के चतुर चितेरा भिखारी ठाकुर आजुओ भोजपुरी के सबसे चर्चित व्यक्ति बाड़न. केहू उनके समय-संदर्भ के सर्वाधिक चर्चित नाटककार का रूप में, भोजपुरी के ‘शेक्सपियर’ मानल त केहू भोजपुरी भाषा-साहित्य के प्रचार-प्रसार खातिर ‘भारतेन्दु’ का नाँव से नवाजल. पुरबी राग के जनक महेन्दर मिसिर कापूरा पढ़ीं…

Advertisements

भोजपुरी के लोकचितेरा कवि, नाटककार, समाज सुधारक भिखारी ठाकुर के जयंती एह साल उनका गाँवे कवनो समारोह नइखे होखत. पहिला बेर वाराणसी में भिखारी ठाकुर के जयन्ती समारोह आयोजित होखत बा. भिखारी ठाकुर के जनम सारण जिला के दियरा इलाका के गाँव कुतुबपुर में आजुए का दिने 18 दिसंबर केपूरा पढ़ीं…

– ओमप्रकाश अमृतांशु रंगमंच पर किसिम-किसिम के रंग के भाव मंचित होखेला. ऊहे भाव दर्शक लोगन के मन आ दिल पे राज करेला. कुछ देर खातिर सभागार में बइठल लोग भुला जाला कि हम जवन देखत बानी तवन हकीकत ना, एगो काल्पनिक दृश्य हऊए. मंच अभिनेता लोगन से भरल बा.पूरा पढ़ीं…

– विपिन बहार सांच कहीं त भिखारी ठाकुर जइसन महान हस्ती प टीका टिप्पणी करे के अधिकार हमरा जइसन तुच्छ आदमी के नइखे. हम त बस उनका कृतित्व आ व्यक्तित्व के मनन चिंतन क के पसंगो भर अपना जिनिगी में ढाल लिहीं त धन समझब. अब पता ना इ सौभाग्यपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी फिलिम “बिदेसिया” के निर्माता अभय कुमार सिन्हा आ निर्देशक रंजन कुमार सिंह के कापी राइट एक्ट उल्लंघन का मामिला मे जिला जज कोर्ट से कवनो राहत ना मिलल. जिला जज नवनीत कुमार पाण्डेय एह लोग के अगवारी जमानत के गोहार खारिज क दिहलन. एह लोग प इ मामिला भिखारीपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी लोकमन के चितेरा भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर के १२६वीं जयंती का मौका प अंजन टीवी एगो खास कार्यक्रम ले के आइल बा. “भिखारी ठाकुर के इयाद में” नाम के ई कार्यक्रम आजु १८ दिसंबर के साँझ सात बज के दस मिनट से  आ दुबारा फेरू रात में साढ़ेपूरा पढ़ीं…

– मुन्ना कुमार पाण्डेय (शोधार्थी) “अबहीं नाम भईल बा थोरा । जब यह छूट जाई तन मोरा ।। तेकरा बाद पच्चास बरीसा । तेकरा बाद बीस दस तीसा ।। तेकरा बाद नाम हो जईहन । पंडित कवि सज्जन जस गईहन ।। (१) आज हम उनकर जन्मदिन पर इहाँ दिल्ली मेंपूरा पढ़ीं…

भिखारी ठाकुर भोजपुर माटी के महान सपूत रहले जे भोजपुरी के सम्मान दिआवे ला बड़हन योगदान दिहलें. भिखारी ठाकुर के गावल हजारों गीत में से बिदेसिया गीत शैली भोजपुरियन का दिलो-दिमाग प छा गइल बा, मॉरीशस में भिखारी ठाकुर पर शोध चलत बा. अब एह महान कलाकार के मंदिर बनावलपूरा पढ़ीं…

भिखारी ठाकुर के भोजपुरी के शेक्सपीयर कहल जाला. एने कुछ दिन से सोशल मीडिया प भिखारी ठाकुर के मूर्ति लगावे का बारे में फेसबुक प भोजपुरिका नवहियन में बहुते हलचल देखे पढ़े के मिलत बा. एही बारे में फेसबुक पेज “अपनी भोजपुरी संस्कृति” के संचालक आ भोजपुरी कलाकार कमलजी मिश्रापूरा पढ़ीं…

भोजपुरी के जानल मानल बाल कलाकार वैष्णवी भोजपुरी अकादमी के नयका अध्यक्ष से माँग कइले बाड़ी कि भोजपुरी के शेक्सपियर कहाए वाला भिखारी ठाकुर के आदमकद प्रतिमा बिहार के राजधानी पटना में लगवावल जाव. भोजपुरी के लोकनाटिका के एतिहासिक ऊँचाई देबे वाला एह महना कलाकार खातिर ई एगो श्रद्धांजलि जसपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी के कालजयी जनकवि आ रंगकर्मी स्व॰ भिखारी ठाकुर के १२५ वीं जयन्ती के शुभ अवसर पर गंगा सरयू सोन के धवल धार के संगम तट पर उनुकर जनमभूमि भिखारीधाम, कुतुबपुर में एगो महोत्सव १८ दिसंबर २०१२ के मनावल जाई. एह महोत्सव में भिखारी ठाकुर रचित नाटकन के मंचन, स्मारिकापूरा पढ़ीं…