कनाडा के राजधानी ओट्टावा में आजु संसद का नियरा भइल गोलीबारी में एगो सैनिक घवाहिल हो गइल. ओह बेरा कनाडा के प्रधानमंत्री स्टीफन हार्पर संसद में मौजूद रहले. सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयंती 31 अक्टूबर के केन्द्र सरकार राष्ट्रीय एकता दिवस का रूप में मनाई. वित्त मंत्री अरूण जेटलीपूरा पढ़ीं…

Advertisements

महाराष्ट्र में विधान सभा के चुनाव के बाद सरकार बनावे के कवायद में शिवसेना के पुरनिया नेता सुभाष देसाई आ अनिल देसाई आजु मंगल का दिने दिल्ली में महाराष्ट्र के पर्यवेक्षक जे पी नड्डा से भेंट करे खातिर दिल्ली रवाना हो गइले. पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझीपूरा पढ़ीं…

नई दिल्‍ली में आजु एम्‍स के दीक्षान्‍त समारोह के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी डाक्टर लोगन से कहलन कि ऊ लोग हमेशा याद राखे कि ओह लोग के डाक्टर बनावे में गरीब जनतो के पइसा लागल बा. पीएम अनुसंधान के कमी प चिंता जतवले आ अनुसंधान पर जोर देबे केपूरा पढ़ीं…

यूपी राज्यपाल काल्हु सोमार का दिने आपन तीन महीना के कार्यकाल के रिपोर्टकार्ड पेश कर के एगो नया परंपरा के शुरूआत करीहें. कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आजु अतवार का दिने हरियाणा आ महाराष्ट्र में पार्टी के हार सकारत कहली कि कांग्रेस दुनू राज्य में ‘रचनात्मक आ सतर्क करे वाली भूमिका’पूरा पढ़ीं…

उत्तर प्रदेश के लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव गाजीपुर-आजमगढ रोड के तुरते मरम्मत करावे के निर्देश दिहले आ कहले कि सैदपुर जमांनियां पुल के निर्माण तेजी से करावल जाए आ रौजा बि्रज के दिसम्बर ले हर हाल में पूरा बना के उद्घाटन करा लिहल जाव. यूपी सरकार राज्य केपूरा पढ़ीं…

पांच मैच के सीरीज चारे मैच में सिमटा गइला का बाद आजु भारत के क्रिकेट टीम हिमाचल प्रदेश क्रिकेट संघ का मैदान पर खेलल सीरीज के चउथका एकदिना में वेस्टइंडीज को 59 रन से हरा दिहलसि आ सीरीज पर 2-1 से कब्जा क लिहलसि. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझीपूरा पढ़ीं…

महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता सोनिया गाँधी का लगे ओरहन ले के जइहें कि पृथ्वीराज चह्वाण का बयान से कांग्रेस के बड़का नेतन के छवि खराब भइल बा. चह्वाण कहले रहलन कि आदर्श घोटाला में उ कुछ ना कइलन काहे कि बड़ नेता लोग का खिलाफ कुछ करब त कांग्रेस केपूरा पढ़ीं…

पहिले आ आपा के नेता रहल शाजिया इल्मी बुध का दिने भाजपा नेता सतीश उपाध्याय का संगे दिल्ली में स्वच्छता अभियान में शामिल भइली. बिहार में रोहतास जिला के काराकाट इलाका के मोहनपुर गांव में कुछ दबंग लोग मामूली झगड़ा में एगो दलित के जिंदा जरा दिहल. बिहार के मुख्यमंत्रीपूरा पढ़ीं…

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ‘मेक इन इंडिया’ के आगा बढ़ावत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी नार्वे के निवेशकन से भारत के नया नीतियन के भरपूर फायदा लेबे के नेवता दिहले. अमेरिका के अदालत में वीजा धोखाधडी के मामिला में अझूराइल भारत के राजनयिक देवयानी खोबरागडे विदेश मंत्रालय से बिना अनुमति के एगोपूरा पढ़ीं…

कांग्रेस के प्रवक्ता पद से हटावल गइल नेता शशि थरुर कहलन कि पार्टी के फैसला सिर माथे बाकिर उनुका के जबाब के मौका मिले चाहत रहे. जवन भइल तवना में उनुका के आपन पक्ष राखे के मौका ना मिलल. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहलन कि अगिला विधानसभा मेंपूरा पढ़ीं…

इलाहाबाद टीसन पर सीआरपीएफ के एगो सिपाही ट्रेन का आगा कूद के जान दिहलसि. नीतीश कुमार कहलन कि भरप पसारे वाला गद्दी पर आ गइले आ जनता के नीक दिन आइल चाहे ना झाड़ू के नीमनका दिन जरूरे आ गइल. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के वाराणसी दौरा हुदहुद का चलते रद्दपूरा पढ़ीं…